नेकपा केन्द्रीय कमिटी :- समूह नेता प्रतिवेदन पेश कईलें

काठमाण्डु १८ माघ,

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के जारी केन्द्रीय कमिटी बईठक मे आजु अनेकन ११ समूहल आपन प्रतिवेदन पेश कईले बाडन ।
राष्ट्रियसभागृह मे जारी बईठक मे समूहगत छलफल के बाद समूह अध्यक्षद्वय केपी शर्मा ओली आ पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ के राजनीतिक प्रतिवेदन, महासचिव विष्णुप्रसाद पौडेल के साङ्गठनिक प्रतिवेदन, विधान संशोधन प्रस्ताव उपर आपन सुझाव प्रस्तुत कईले बाडन ।

आजु समूह–३ के नेता खिमलाल भट्टराई, समूह–४ के नेता जगन्नाथ खतिवडा, समूह–५ के नेता ठाकुर गैरे, समूह–७ के नेता पूर्णाकुमारी सुवेदी, समूह–१२ के नेता रेणु दाहाल समूहगत छलफल करके प्रतिवेदन पेश कईल नेकपा के प्रचार विभाग उपप्रमुख सूर्य थापा जानकारी देहनी ।

प्रतिवेदन पेश करत नेतालोग पार्टी, सरकार आ नेतृत्व के कडा आलोचना कईले बाडन । एहितरे आजु हि समूह–१ से आनन्द पोखरेल, समूह–८ के नेता बिन्दा पाण्डे, समूह–१० के नेता महेश बस्नेत, समूह–११ के नेता राजेन्द्र राई, समूह–१४ के सुरेन्द्रकुमार कार्की आ समूह–१५ के नेता हिमाल शर्मा भी प्रतिवेदन पेश करेके कार्यतालिका रहल बा ।

अनेकन १५ समूह मे विभाजित केन्द्रीय सदस्य बियफे के दिने राजनीतिक, साङ्गठनिक आ विधान संशोधन प्रस्ताव उपर छलफल करके शुक से बईठक मे आपन प्रतिवेदन पेश कर रहल बाडन ।

शुक के दिने समूह–२ से कमला रोका, समूह–६ से दीनानाथ शर्मा, समूह–१३ के नेता लेखनाथ न्यौपाने आ समूह–९ के नेता भगवती चौधरी आपन समूह के प्रतिवेदन पेश कईले रहनी ।
समूह नेता के प्रस्तुति ओरईला के बाद एतवार के दिने पार्टी नेतृत्व से जवाफ देवेके कार्यतालिका रहल बा । नेकपा के दुसरका केन्द्रीय कमिटी बईठक इहे माघ १५ गते से शुरु भईल बा ।

बईठक मे समूह से आईल टोली नेता के प्रस्तुति आ नेतृत्व के जवाफ देवे खातिर इहे माघ १९ गते के समय निर्धारण कईल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।