सरकार सही सफतार मे बा :- मन्त्री भट्टराई

दमौली, २० माघ,
संस्कृति, पर्यटन तथा नागरिक उड्डयमन्त्री योगेश भट्टराई केपी शर्मा ओली नेतृत्व के सरकार सही रास्ता मे रहल बतवले बानी । नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) तनहुँ आजु दमौली मे आयोजना कईल कार्यकर्ता भेला के सम्बोधन करत उ सरकार गलत रास्ता मे ना रहल जिकिर कइनी ।
मन्त्री भट्टराई सरकार के रास्ता, आ गन्तव्य सही रहल बतावत कहनी कि, “सरकार के रास्ता सही रहला पर भी कभो काल समस्या के रास्ता आई, अवरोध आइ, ओइसन अवरोध हटावत अगाडि बढेके पडि ।” मन्त्री भट्टराई प्रधानमन्त्री एवं पार्टी अध्यक्ष केपी शर्मा ओली के कुशल आ अनुभवी पाइलट के सङ्ज्ञा देत उनकर नेतृत्व के वर्तमान सरकार के जहाज से सही अवतरण करेके भी बतवनी ।
नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के स्थायी कमिटी सदस्य भी रहल मन्त्री भट्टराई नेकपा के आकाश सफा आ धर्ती उर्वर रहल बतवनी । पार्टी एकीकरण के भावनात्मक बनावे खातिर अभी पुरा भईल केन्द्रीय कमिटी बईठक सफल भईल कहत उ बईठक से पार्टी के आउर सुदृढ आ एकताबद्ध बनावे मे सफल भईल चर्चा कइनी । “बईठक अगाडि नेकपा के आकाश मे कुछ बादलसब रहे, हावाहुरी भी चलल रहे”, कहत मन्त्री भट्टराई, “बईठक से उ बादलसब सफा कईले बा, नेकपा भितर अब हावाहुरी चलेवाला नइखे, नेकपा के आकाश सफा बा, धर्ती उर्वर बा ।”
केन्द्रीय कमिटी बईठक से तीन महिने अभियान घोषणा कईल जानकारी करावत उ अभियान मे सभी नेतालोग गाँव फिर्ता होखेके आ कार्यकर्ता के समस्या सुनेके बतवनी । उ अभियानमार्फत पार्टी भितर के समस्या समाधान करेके मन्त्री भट्टराई बतवनी ।
विसं २०७७ के चईत महिना मे पार्टी के महाधिवेशन घोषणा कईल आ ओकरा से पार्टी के आउर मजबुद बनावे के उनकर कहनाम रहे । मन्त्री भट्टराई पार्टी के महाधिवेशन के बाद तीन तह के निर्वाचन होखेवाला भईला से तीन गो तह के चुनाव मे अभी से भी बढिया परिणाम निकाले खातिर सभी कार्यकर्ता लागेके बात मे जोड देत बहुमत प्राप्त सरकार भईला से जनता के अपेक्षा बहुते रहल आ ओकरा के पूरा करे खातिर सरकार लागल बतवनी ।





