दादुरा आ रूवेला के सुई लगावेला राष्ट्रिय खोप अभियान सुरू

प्रभु यादव÷

बारा २० माघ,
बारा मे ९ महिना से ५ बरीस के निचा के लईका सब के दादुरा आ रूवेला के सुई लगावेला राष्ट्रिय खोप अभियान सुरू होखे जाता ।

जन स्वास्थ्य कार्यालय बारा मे पत्रकार सब सगे बतकही कार्जक्रम मे जन स्वस्थ्य प्रमुख राजकिशोर पंडित जनकारी करावले बानी ।

सन २०२० तकले मे दादुरा मुक्त बनावेके लक्षय अनुसार खोप के आयोजना कईल जारहल प्रमुख जनकारी करावले बानी । बारा जिल्ला के १६ गो स्थानिय तह मे फागुन २ गते से ३० गते तक मे तीन चरण कर के खोप चलावे के पंडित जनकारी देहनी ।

एक लाख ११ हजार तीन सय ४७ गो दादुरा, रूवेला आ एक लाख ३० हजार २२ गो खोप लगावे के अनुमान कईल तयारी कईल गईल जनकारी भईल बा । चार सय २८ जने स्वस्थ्यकर्मी आ दु हजार चार सय स्वयंमसेवक के खटावल जाई प्रमुख पंडित जनकारी करावले बानी ।

निमित खोप के तरीका अनुसार दु बेर दादुरा रूवेला के लगावल जाला उ लगावल आ बाकी रहल सब के थप मे अभियान मे लगावे के पडित जनकारी देहनी । चार दिन पहिलही घर घर मे नेवता के कार्ड पहुचावल जाई प्रमुख जनकारी करावले बानी ।

अभियान मे लागावल जायेवाला सुई से कवनो नुक्सानी ना होखे के बा सुरक्षित रहल कार्जक्रम मे जनकारी करावल गईल बा । दादुरा रूवेला खोप लगावला के वाद हल्का बुखार होसकता, सुई लगावल ठाव मे कुछ दुखाईल आ सुन होखे के बुझा सकत बा, खोप लगावला के वाद कुछ लईका सब मे दादुरा के जईसन एक हप्ता वाद दृखल जा सकत बा जवन धिरे धिरे खतम होजाई प्रमुख पंडित जनकारी करावले बानी ।

तीन लक्षण के अलावा कवनो देखाई देता तब दुसर कवनो विमारी होसकत बा उ खोप से ना होई जवना के स्वस्थ्य संस्था मे देखावे के कहनी ।

कार्जक्रम पत्रकार महासंघ के प्रदेश २ के सदस्य सिकेन्द्र पासवान के सभापतित्व मे भईल जवना मे युनिसेफ के खोप सुपरभाईजर छठु चौधरी, प्रदिप कुमार श्रेष्ठ, बारा जन स्वस्थ्य कार्यालय मे रूवेला खोप के सुवास चन्द्र गुप्ता, शंकर साह लगायत पत्रकार सब के सहभागिता रहल ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।