वीरगंज मे कोरोना भाइरस जाँच के खातिर हेल्प डेक्स स्थापना होखी

वीरगंज २१ माघ,

भारत मे भी कोरोना भाइरस लउके लागला के बाद सीमा क्षेत्र मे सतर्कता अपनावल सुरु भईल बा । भाइरस नियन्त्रण के खातिर वीरगंज महानगरपालिका नेपाल भारत सीमा क्षेत्र मे हेल्प डेस्क स्थापना करेवाला बा ।

आजु बईठल जिल्ला स्तरीय महामारी नियन्त्रण बहुनिकाय समन्वय बईठक से शंकराचार्यद्वार क्षेत्र मे हेल्प डेस्क स्थापना करेके निर्णय कईले बा ।

एहितरे बईठक से नारायणी अस्पताल लगायत निजी अस्पताल भी कोरोना भाइरस के शंकास्पद मरेजी के खातिर अलगे आइसोलेसन वार्ड के स्थापना करेके आ सरदी खोकी, बोखार लागल मरेजीलोग के इलाज विशेष निगरानी के साथ अलगे ईलाज के प्रबन्ध मिलावे के निर्णय बईठक से कईल सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललित कुमार बस्नेत जानकारी देहनी ।

एहितरे स्थानीय तह सँगे समन्वय करके सञ्चार माध्यम, सामाजिक संजाल आ सिनेमा हलसब मे प्रचार प्रसार के व्यवस्था मिलावेके, पर्चा पम्पलेट, ब्रोसर, जइसन प्रचार सामान व्यापक रुप मे वितरण करेके, १४ गो स्थानीय तह से तत्काल विद्यालय, स्वास्थ्य संस्था आ वार्ड कार्यालयसब मे सचेतना कार्जक्रम सञ्चालन करेके आ सीमा नाका मे खटल सुरक्षा निकायसब भी उच्च सतर्कता के साथ निगरानी करके सम्भावित मरेजी देखल गईला पर हेल्प डेक्स मे पठावे के निर्णय बईठक से कईले बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी जितेन्द्र बस्नेत के संयोजकत्व मे बईठल बईठक मे नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा मदन कुमार उपाध्याय, महानगरपालिका स्वास्थ्य तथा सामाजिक महाशाखा प्रमुख अरुण कुमार महतो, नेपाल रेडक्रस सोसाईटी, वीरगंज स्थित निजी अस्पताल के प्रमुख तथा प्रतिनीधि लगायत आउर सरोकारवाला सहभागी रहलें ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।