बेटी के बलात्कार कईल आरोप मे बाबु पकडईलें

वीरगंज २१ माघ,

बेटी के बलात्कार कईल आरोप मे ४० बरीस के बाबु पकडाईल बाडन । पर्सा के १६ बरीस के किशोरी के बलात्कार कईल आरोप मे पुलीस उनकर बाबु के पकडले बा ।

बितल शुक के दिने से आपन घर मे बन्धक बना के बेटी के बेर बेर बलात्कार कईल आरोप मे ४० बरीस के पुरुष के नियन्त्रण मे लेहल इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया के प्रहरी नायव निरीक्षक उपेन्द्र यादव बतवनी ।

बलात्कार के आरोप लगावेवाला पीडित किशोरी, आरोपित के छोटकी मेहरारु के बेटी हई । पीडित कहल किशोरी खुद के बितल शुक के दिन से घर भितर बन्धक बना के आपन बाबु बेर बेर बलात्कार कईल आरोप लगावल पुलीस नायव निरीक्षक यादव जानकारी देहनी ।

मंगर के दिने सबेरे इलाका प्रहरी कार्यालय पोखरीया मे अकेले आईल किशोरी खुद सँगे आपन बाबु दुष्कर्म कईल बतवला के बाद कार्यालय से खटल पुलीस टोली मंगर के दिने ९ बजे किशोरी के बाबु के नियन्त्रण मे लेहले बा ।

खुद के बाबु घर मे बन्धक बना के बलात्कार करत आईल किशोरी के आरोप के आधार मे अनुसन्धान करे खातिर आरोपित बाबु के पकडल गईल प्रहरी नायव निरीक्षक यादव बतवनी । आजु सबेरे गाँव मे एक जने के मृत्यु भईला के बाद बाबु दाहसंस्कार मे गईल आ उहे समय मे हम घर से निकल के प्रहरी कार्यालय मे आवे सकल बयान किशोरी से देहल प्रहरी नायव निरीक्षक यादव जानकारी देहनी । प

आरोपित के जरुरी अनुसन्धान के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा मे पठावल गईल जानकारी यादव देहनी । बयान के खातिर पीडित कहल किशोरी आ उनकर माई के भी जिल्ला प्रहरी कार्यालय मे पठावल गईल उ बतवनी ।

जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रहरी नायव उपरीक्षक गौतम मिश्र आरोपित आ आरोपी दुनु के प्रहरी कार्यालय के महिला तथा बालबालिका सेल मे राख के पुछपाछ हो रहल जानकारी देहनी ।

“आपन बाबु से बलात्कार कईल आरोप किशोरी के बा”, कहत उ, “केहु के कहला पर आरोप लगावल हो सकता, ओहिसे बेटी, बाबु आ उनकर माई के महिला सेल मे राख के पुलीस पुछपाछ कर रहल बा ।”

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।