वीरंगज युनाईटेड फाईनल गोल्डकप जित के दु लाख के पुरस्कार लेहलख

बारा २५ माघ,

बारा के करैयामाई गावपालीका के पिपरा मे भईल चौठका गोल्डकप के फाईनल मे विरगंज युनाईटेड विजयी भईल बा ।
पिपरा के पञ्चगछीया खेल मैदान मे पिपरा चौठका गोल्डकप खेल के अन्तिम खेल मे ० के विरूध्द २ गोल से युनाइटेड विजयी भईल बा ।

विरगंज युथ क्लव के विरगंज युनाईटेड हरा के पहिलका स्थान हासिल कईले बा । पहला भईल विरगंज युनाईटेड दु लाख के राशि सहित ट्रफीक आ प्रमाण पत्र लेवे मे सफल भईल बा । फाईनल खेल मे अथक प्रयास करत दुसरका स्थान लेवे सकल विरगंज युथ क्लव एक लाख धनराशि सहित ट्रफिक आ प्रमाण पत्र लेहले बा ।

कोखेल मे विरगंज युनाइटेड के खेलाडी जर्सि नम्व १० के विवेक चौधरी म्यान अफ द म्याच भईल रहलन । खेलाडी सब के पुरस्कार देहत करैयामाई गावपालीका के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी खेल के समापन्न कईनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।