कालिकामाई–१ मुडली मे नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र के उदघाटन

कालिकामाई–१ मुडली मे नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र के उदघाटन

वीरगंज ०७ जेठ

पर्सा के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं १ मुडली मे नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र के सोमार के दिने एगो कार्जक्रम के बीच उदघाटन भईल बा ।
मुडली मे रहल सामुदायिक भवन मे नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र आयुर्वेदिक अस्पताल के उदघाटन प्रमुख अतिथी पालिका अध्यक्ष बशिष्ट कुमार गुप्ता पानस मे बत्ती बारके कईले रहनी । उदघाटन करत अध्यक्ष गुप्ता योगा करीं, स्वस्थ रहीं, स्वस्थ रहे खातिर आर्युर्वेदिक विधि प्रयोग करीं, आयुर्वेद दवाई के प्रभाव से पुराना पिढी १३६ बरीस के आयु तक बाँचत रहलन कहके बतवनी । अलोपेथिक के प्रभाव से अभी के आयु ६० बरीस तक मात्र रहल बा । ओहिसे आपन गाँवघर मे संचालन मे आईल आयुर्वेेदिक दवाई के प्रयोग करे खातिर अध्यक्ष गुप्ता सुझाव देहले रहनी ।
आजु से संचालन मे आईल नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र के गाँवपालिका आ आपन ओरी से पूर्ण सहजोग करेके गुप्ता बतवनी । प्रदेशिक आयुर्वेदिक तथा बैकल्पिक चिकित्सा वीरगंज पर्सा के आयोजना तथा कालिकामाई के सहजोग मे नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र मुडली मे उदघाटन कार्जक्रम प्रदेशिक आयुर्बेदिक तथा बैकल्पिक चिकित्सक पर्सा के डा. शिवनरायण प्रसाद गुप्ता के अध्यक्षता मे भईल रहे । सुगर, किड्नी, क्यान्सर लगायत जटिल बेमारी हो रहला से नेपाल सरकार स्वास्थ्य मन्त्रालय मध्यनजर करके मधेश प्रदेश मे ३६ गो आ पर्सा मे सात गो नगरपालिका आ गाँवपालिका नागरिक अरोग्य सेवा केन्द्र आयुर्बेदिक अस्पताल के संचालन कईले बा ।
कार्जक्रम मे वार्ड अध्यक्ष लालबाबु चौरसिया, प्रदेशिक आयुर्बेदिक तथा बैकल्पिक चिकित्सक पर्सा के नागेन्द्र प्रसाद पटेल, बैध दिनेस साह, नागरिक आरोग्य सेवा केन्द्र मुडली के बैध कौशल किसोर यादव, स्वास्थ्य संयोजक योगेन्द्र चौरसिया, बिक्रम चौरसिया, जनप्रतिनिधि सुरेन्द्र साह, रामलगन राम, स्वास्थ्य सह संयोजक महेन्द्र चौरसिया लगायत स्थानियलोग के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।