मानवअधिकारर्मीलोग एसपी खनाल के कईलें बिदाई

बारा २५ माघ,

बारा के प्रहरी उपरिक्षक बिकासराज खनाल के रुपन्देही जिल्ला के सुनौल गण मे सरुवा भईला मे आजु एगो समारोह के बिच नेपाल मानव अधिकार संगगठन, ईन्सेक आ महिला संजाल बारा बिदाई तथा सम्मान कईले बा ।

कार्जक्रम मे बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फनिन्द्रमणि पाखरेल जिल्ला मे अपराध अनुसंन्धान, शान्ति सुरक्षा, अमन चयन कायम करत जनानी तथा लईकालइकी उपर होखेवाला हिंसासब के रोकत मानव अधिकार के सम्मान करे खातिर पुलीस प्रशासन कटिवद्ध रहल बतवले बानी ।

कार्जक्रम मे मानव अधिकार के हनन करेवाला जे केहु के भी कानुन के दायरा मे लियावे के प्रतिबद्धता भी जनवले रहनी ।
सम्मानित होत प्रहरी उपरिक्षक खनाल सम्मान से आउर हौसला बढल बतवनी । मानव अधिकार हनन के घटनासब के निस्तेज करत हनन करेवाला उपर कार्यवाही करेके काम कईला मे प्रहरी उपरिक्षक खनाल के सम्मान कईल नेपाल मानव अधिकार संगठन के अध्यक्ष सिकेन्द्र पासवान बतवनी ।

जिल्ला महिला संजाल के अध्यक्ष बबिता जसवाल के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के पुर्व अध्यक्ष लक्ष्मी साह, सदस्य पनालाल दास, महिला अधिकारकर्मी साबित्री शर्मा, जिल्ला प्रशासन कार्यालय के प्रशासकिय अधिकृत मुरारी कार्की लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखनी । बारा जिल्ला मे अख्तियार के कन्द्रिय कार्यालय से प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी आवेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।