अलौंमें भव्य कलश यात्रा से श्रीमद भागवत कथा ज्ञान यज्ञ के शुभारंभ

अलौंमें भव्य कलश यात्रा से श्रीमद भागवत कथा ज्ञान यज्ञ के शुभारंभ

वीरगञ्ज १९ बैशाख

वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १७ अलौं में धार्मिक आस्था आ सामाजिक एकता के अद्भुत दृश्य देखे के मिलल, जब श्रीमद भागवत कथा साप्ताहिक ज्ञान यज्ञ के अवसर पर भव्य कलश यात्रा निकालल गइल।

स्थानीय श्रद्धालु लोगन के भारी उत्साह आ सहभागिता में निकलल ई पावन यात्रा पूरा अलौं गाँव के परिक्रमा करत तिलावे नदी तक पहुंचल। सैकड़ों श्रद्धालु महिलन कलश में पवित्र जल भरके, बाजा-गाजा, भजन-कीर्तन आ आकर्षक धार्मिक झांकी के साथ कथा स्थल पर लौट आईलें। पूरा माहौल “हरि नाम” आ भक्ति रस में सराबोर रहल।

कलश यात्रा में हजारों श्रद्धालु के उल्लेखनीय उपस्थिति रहल, जवन गाँव में आध्यात्मिक जागरण आ सामाजिक सद्भाव के संदेश देत नजर आइल। आयोजन से अलौं गाँव में धार्मिक उमंग आ उत्साह के नया संचार भइल बा।

आयोजक समिति के अनुसार, ई श्रीमद भागवत कथा साप्ताहिक ज्ञान यज्ञ अलौं निवासी लोगन के संयुक्त पहल पर आयोजित कइल जा रहल बा। कथा वाचन बनारस धाम, भारत के परम पूज्य शिवेश तिवारी जी द्वारा कइल जाई। आयोजक समिति के सदस्य संतोष प्रसाद साह बतवले कि पूरा सप्ताह भर प्रवचन, भजन-कीर्तन आ विभिन्न धार्मिक कार्यक्रम के आयोजन होई।

एह पावन आयोजन से समाज में सकारात्मक ऊर्जा, नैतिक चेतना आ सांस्कृतिक परंपरा के संरक्षण के बल मिलेला, जवन आने वाला पीढ़ी खातिर प्रेरणा बने के काम करी।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।