वीरगंज मे विश्व विद्यालय बनावे के माग

वीरगंज २६ माघ,
वीरगंज मे विश्व विद्यालय बनावे के माग फेनु चर्चा मे आवे लागल बा । कुछ समय पहिले उठल माग सेरईला के बाद एक आदमी फेनु जोडदार रुपमे ई मुद्दा उठावे मे लागल बाडन ।
देश प्रमी कहेवाला विरेन्द्र भगत कुशवाहा आजु नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा शाखा मे पत्रकार सम्मेलन करत वीरगंज मे विश्व विद्यालय बनावे के माग कईले बानी । प्रदेश २ के राजधानी जनकपुर होखेके करिब करिब निश्चित भईला के बाद कमसेकम विश्व विद्यालय वीरगंज मे होखेके चाहिं कहके बतवले बानी ।
वीरगंज मे विश्व विद्यालय बनावे के बात जनकपुर से पहिले वीरगंज मे उठला से वीरगंज मे हि बनावे के चाहिं कहत राजधानी आ विश्व विद्यालय दुनु जनकपुर मे ना होखेके चाहिं कहत बिरोध जनवले बानी ।
एकरा साथे वीरगंज से काठमाण्डु तक मेट्रो ट्रेन चलेके आ शिक्षा पेशा मे जनानी के ५० प्रतिशत आरक्षण के व्यवस्था लगायत के माग रखले बानी । सरकार हमनीसब के माग उपर २० दिन भितर सुनुवाई ना कईला पर आन्दोलन करेके चेतावनी देहले बानी ।
एकरा से पहिले २०७४ साल मे भी वीरगंज मे विश्व विद्यालय बनावे के आवाज उठल रहे । ओकरा खातिर एगो समिति हि बना के विश्व विद्यालय के खातिर चन्दा भी उठल रहे ।
हरि खेतान बहुमुखी क्याम्पस वीरगंज के निर्देशक भगवान यादव संयोजक रहल समिति करोडो रोपेया से बेसी संकलन कईले रहे । माकिर कुछ समय के बाद विश्व विद्यालय के बात सेरात गईल बा । ओकरा बाद कउनो भी राजनितिक दल भा कउनो शिक्षा प्रेमीलोग विश्व विद्यालय के विषय मे बोले नइखन सकल ।






