प्रदेश २ के नामाकरण मे अभी भी सहमति होखे ना सकल

जनकपुरधाम २९ माघ,

प्रदेश २ के नाम मे सहमति खोजे खातिर बुध के दिने बईठल उच्च स्तरीय संसदीय समिति के बईठक भी विना निश्कर्ष ओराईल बा । यद्यपी नेतालोग सहमति लगे रहल बतावल गईल बा ।

प्रदेश के नामाकरण करे खातिर सभामुख सरोजकुमार यादव के संयोजकत्व मे उच्चस्तरीय संसदीय समिति गठन कईल गईल बा । उहे समिति के बुध के दिने के बईठक मे सभी दल के प्रतिनिधि नामाकरण मे जलदी सहमति खोजे खातिर एकमत भईल बाडन ।

जलदी नामाकरण करेके बिषय मे सभी दल एकमत देखल गईल प्रमुख प्रतिपक्षी नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के संसदीय दल के नेता सत्यनारायण मण्डल जानकारी देहनी ।

नेकपा खुद से प्रस्ताव कईल जानकी नाम मे मधेश थप के नामाकरण करेके बतवनी । नेपाली कांग्रेस मिथिला मधेश कहके नामाकरण करेके जोड देहले रहे । कांग्रेस संसदीय दल के नेता रामसरोज यादव जलदी नामाकरण करे खातिर मिथिला मधेश नामाकरण के विकल्प देहल जानकारी देहनी ।

सत्तारुढ समाजवादी आ राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) मधेश नामाकरण करेके प्रस्ताव कईले बा । राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) के सचेतक परमेश्वर साह बईठक मे नेतालोग लचकता के साथ प्रस्तुत भईल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक आवेवाला फागुन ४ गते प्रदेश के नामाकरण के खातिर फेनु बईठक बइठी । उ बईठक मे नेकपा, समाजवादी, राजपा आ कांग्रेस के संसदीय दल के नेता, सभामुख आ सचेतकलोग बईठके प्रदेश के नामांकरण के निष्कर्ष मे पुगावे के विश्वास लेहल गईल बा ।

प्रदेश के नामाकरण के खातिर दु तिहाई बहुमत जरुरी पडि । माकिर प्रदेश मे कउनो भी दल सँगे उ अवस्था नइखे ।
नेकपा के ३२, समाजवादी के ३०, राजपा के २५, कांग्रेस के १९ आ संघीय समाजवादी पार्टी के एक सिट बा ।

कउनो पार्टी भी एकल रुप मे दु तिहाइ बहुमत जुटावे ना सकेवाला भईला से सहमति से प्रदेश के नामांकरण करेके बिषय मे नेतालोग अगाडि बढल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।