जानकिटोला से अबैध कपडा बरामद

वीरगंज ०८ फागुन,
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नं २ से आजु ईलाका प्रहरी कार्यालय जानकिटोला कपडा बरामद कईले बा ।
भारत के ईनार्वा बजार से अबैध रुप मे भन्सार ना तिर के नेपाल लिया रहल अवस्था मे प्रहरी नायब निरिक्षक अर्जुन अधिकारी के कमाण्ड मे खटल टोली उ कपडा बरामद कईले बा ।
साडी, सलवारसुट, गंजि लगायत के कपडा बरामद कईल जनावल गईल बा । बरामद कईल कपडा के अन्दाजी दाम २५ हजार बराबर रहल आ बरामद कईल कपडा ईलाका प्रहरी कार्यालय पोखरिया मे बुझावल गईल प्रहरी निरिक्षक चन्द्र सिंह बतवले बानी ।






