विद्यार्थी के जरुरत पुस्तकालय :- मन्त्री सोनल

बारा ०८ फागुन,
प्रदेश २ सरकार के भौतिक पुर्वाधार मन्त्री जितेन्द्र सोनल अभी के समय मे विद्यार्थीलोग के जरुरत पुस्तकालय रहल बतवले बानी ।
पशुपति पुस्ताकालय से आयोजना कईल बक्तृत्वकला प्रतियोगिता के उदघाटन करत मन्त्री सोनल विद्यार्थी के स्तर बृद्धि करे खातिर पुस्तकालय जरुरत रहल बतवले बानी । प्रदेश सरकार दिर्घकालिन योजना सहित अगाडि बढ रहला से शिक्षा, स्वास्थ्य, सिचाई, शुद्ध खानेपानी, घरघर मे बिजुलीबत्ती पहिलका प्राथमिकता रहल बतवनी ।
बाल्यकाल मे खुद भी ई पुस्तकालय मे कुछ समय बितावल आ अभी भी फरक ना देखल गईला से पुस्तकालय के विकास के खातिर मन्त्री सोनल १५ लाख के सहजोग के घोषण कईले रहनी । एहितरे सहजोग करेवाला बालएकता बोडिङ्ग ५० हजार, ब्राईटल्याण्ड ५१ हजार, देवेन्द्र गिरि २५ हजार, जंगबहादुर यादव १५ हजार, सरफुल्लाह असारी १० हजार आ कुशवाहा समाज १० हजार के सहजोग कईले बा ।
बहुते दु:ख कष्ट करके पुस्तकाल के इहाँ तक लियावल गईला से अब ई सहजोगी हाथसब के चलते पशुपति पुस्तकालय बारा के नमुना पुस्तकालय बनेके विश्वास पवन अग्रवाल रखनी ।
पुस्तकालय के अध्यक्ष राजु साह के अध्यक्षता मे भईल कार्जक्रम मे जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक नवलकिशोर सिह, राजपा के केन्द्रिय सदस्य श्याम गुप्ता, सरफुल्लाह अंसारी, नेता मेहन्द्र मण्डल, गढीमाई ट्रष्ट के अध्यक्ष रामचन्द्र साह, अरुण सिह, महिला नेतृ पिकी यादव लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।
पुस्ताकालय मे योग्दान देहल शिक्षक देवेन्द्र गिरी, समाजसेवी भरतबहादुर मल्ल, धनीलाल सर्राफ, सुरेश मोदक, हिरालाल साह, किशोरी राम, पवन अग्रवाल, रामधारी यादव, जंगवाहदुर यादव, रतनलाल टेमानी, राजपा के नेतालोग जयप्रकाश साह लगायत के दोसल्ला ओढा के सम्मान कईल पुस्ताकालय के कोषाध्यक्ष पवन अग्रवाल बतवनी ।
प्रथम होखेवाली लइकी मनिसा जसवाल, द्वितिय निता यादव आ तृतिय निमिसा पाण्डेय भईल रहनी आ लडका ओरी प्रथम बन्धन पटेल, द्वितिय रोहित यादव आ तृतिय ईमरान मंसुर भईल रहनी ।





