पुलीस आपन काम के मूल्याङ्कन करावेके उदेश्य से पकड के गोली मरलख पिडितके आरोप

रौतहट, ११ फागुन,

रौतहट जिल्ला के मौलपुर नगरपालिका वार्ड नम्बर ८ सोनरनिया निवासी भोजेन्द्र प्रसाद पटेल रौतहट पुलीस आपन काम के मूल्याङ्कन करावे के उदेश्य से पकड के गोली मारल आरोप लगवले बाडन ।

रिपोर्टर्स क्लब नेपाल शाखा के साक्षात्कार सभाहल मे आजु आयोजना कईल पत्रकार सम्मलेन मे पटेल भारत के कलकत्ता से पकडाईल भाई अभय सिंह कहेवाला कामेश्वर पटेल के भारतीय पुलीस जिम्मा लगईला के बाद पकड के गोली मारके घायल बनावत भिडन्त के गलत संज्ञा देहल आरोप लगवले बानी ।

रौतहट प्रहरी प्रमुख आ डीएसपी मिल के मानव अधिकार के उलंघन करत दानवीय प्रवृति देखावल आरोप लगावत काका के बेटा रहल पटेल भाई के भारतीय पुलीस पकड के जिम्मा लगईला के २४ घण्टा के बाद जंगल ओरी लेजाके गोली मारल दाबी कइनी ।
पकड के गोली मारल कहाँ के न्याय ह कहके सवाल करत पटेल घायल भाई के ईलाज भी ना करावल बतावत अनेकन आपराधिक घटना मे संलग्न रहल आरोप मे पकडाईल पटेल के गोड काटेके अवस्था आईल बतावत अपाङ्ग बनावेवाला पुलीस से हि ईलाज करावेके माग कइनी ।

फाल्गुन ६ गते रात मे पुलीस सँगे भईल भिडन्त मे गोड मे दु राउंड गोली लाग के घायल भईला के बाद नियंत्रण मे लेहल गईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनवले बा । अभियुक्त पटेल के भाई राकेश पटेल पुलीस के ज्यादती विरुद्ध छानविन करे खातिर राष्ट्रिय मानव अधिकार आयोग से निहोरा कईले बाडन ।
घायल भाई के ईलाज करा के ज्यान बँचावे खातिर भी पीडि़त परिवार निहोरा कईले बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।