लागुऔषध सहित चार जने पकडईलें

राजविराज १२ फागुन,
सप्तरी पुलीस लागुऔषधसहित चार जने के पकडले बा । सप्तरी के सुरुङ्गा नगरपालिका १ नैनडाँवर डाँडा आ बोदे बर्साइन नगरपालिका ९ स्वर्णपट्टी से चार जने पकडाईल सप्तरी पुलीस जनवले बा ।
उदयपुर के त्रियुगा नगरपालिका ६ जलजले के २२ बरीस के आकाश परियार आ २० बरीस के आमोदकुमार महतो के इलाका प्रहरी कार्यालय भेडिया पकडाईल बाडन । उलोग के साथ से ३० थान नाइट्रोजन ट्याब्लेट, १० थान नोफिन इञ्जेक्सन, १९ थान फेनारगन आ १८ थान डाइजेपाम इञ्जेक्सन बरामद भईल बा ।
एहितरे विसनपुर–वोदेवर्साइन सडक खण्ड से पुलीस चौकी देउरी शम्भुनाथ नगरपालिका ३ के २२ बरीस के ललित चौधरी आ २० बरीस के देवनारायण राम के पकडल डीएसपी तिलक भारती बतवनी । उलोग के साथे से चार थान नाइट्राभेट ट्याब्लेट, सात÷सात थान नोफिन आ डाइजेलेब इंजेक्सन तथा २० ग्राम गाँजा मिलल बा ।
शंका लागला से चेकजाँच कईला पर लागुऔषध बरामद भईल उलोग के नियन्त्रण मे लेके इलाका प्रहरी कार्यालय कडरवोना मे थुना मे राख के आउर अनुसान्धान हो रहल इलाका प्रहरी कार्यालय कडरबोना के इन्स्पेक्टर रामराजा केशरी बतवनी ।






