स्रोत ना खुलल २६ लाख ७१ हजार सहित ४ जने पकडईलें

वीरगंज १३ फागुन,

पर्सा पुलीस स्रोत ना खुलल २६ लाख ७१ हजार रोपेया सहित चार जने के पकडले बा ।
पकडाएवाला मे रौतहट के पिप्रा पोखरिया १ घर भईल अभी वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१६ नगवा रहेवाला ४१ बरीस के संजयकुमार साह, उहे जगहा के ३० बरीस के जयलाल महतो, भारत के रक्सौल डुमरिया टोल के ३५ बरीस के विजयकुमार ठाकुर आ वीरगंज महानगरपालिका वाड नं. १६ नगवा के ३१ बरीस के राजुकुमार कलवार रहल बाडन । पुलीस चारु जने के अवैध वित्तिय (हुण्डी) कारोबार मे संलग्न रहल आरोप मे पकडाईल बाडन ।

सञ्जय आ जयलाल वीरगंज के आदर्शनगर से पकडाईल बाडन । बा.४८प. ६५९७ नम्बरके मोटरसाइकल मे सवार सञ्जय के साथ से ९ लाख ७१ हजार आ जयलाल के साथ से १० लाख स्रोत ना खुलल पईसा बरामद भईल पर्सा पुलीस जनवले बा ।

एहितरे वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं.१६ भन्सार गेट अगाडि से विजय आ राजु पकडाईल बाडन ।
बीआर ०५ एए ७२५५ नम्बर के भारतीय मोटरसाइकल मार्फत रक्सौल से वीरगंज ओरी आवेके समय मे विजय आ राजु पकडाईल रहलन ।

दुनु जने के साथ से पुलीस स्रोत ना खुलल ७ लाख रोपेया बरामद कईले बा ।
पकडाईल चारु जने के अवैध वित्तिय कारोबार (हुण्डी) शीर्षक मे मुद्दा दर्ता करके कारबाही अगाडि बढावल गईल पुलीस जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।