यातायात व्यवस्था कार्यालय वीरगंज के सवारी शाखा मे अख्तियार के छापा

वीरगंज १४ फागुन,

यातयात व्यवस्था कार्यालय सवारी शाखा वीरगंज मे अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग छापामारी कईले बा । आजु अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय हेटौंडा से आईल तीन सदस्यीय टोली छापामारी कईले बा ।

यातयात व्यवस्था कार्यालय सवारी शाखा वीरगंज मे अनियमित्ता भईल उजुरी पडला से उ सम्बन्ध मे अख्यिार के टोली अनुसन्धान कईल अख्तियार के हेटौंडास्थित कार्यालय जनवले बा । कउन विषय मे अनियमित्ता के उजुरी पडल बा कहके बारेमे अख्तियार खुलवले नइखे ।

टोली यातायात व्यवस्था कार्यालय के प्रमुख विपिनलाल कर्ण से पुछपाछ कईला के साथे उजुरी से सम्बन्धित कागजपत्र के अध्ययन कईले रहे । अख्तियार कुछ कागजपत्र आउर अनुसन्धान के खातिर लेके भी गईल बा । अख्तियार दुरुपयोग अनुसन्धान आयोग के कार्यालय हेटौंडा के सूचना अधिकारी शिवराज रेग्मी अनियमितता के उजुरी पडला के बाद प्रारम्भिक छानवीन कईल आ कुछ कागजपत्र अनुसन्धान के खातिर लियावल जानकारी देहनी ।

“यातायात व्यवस्था कार्यालय मे अनियमितता भईल उजुरी पडल रहे, सत्य तथ्य पत्ता लगावे खातिर प्रारम्भिक छानवीन कईल गईल बा,” कहत रेग्मी, “उजुरी से सम्बन्धित कुछ कागजात आउर अनुसन्धान के खातिर लियावल गईल बा ।”

अनुसन्धान प्रक्रिया पूरा भईला के बाद मात्र उ बारेमे आउर जानकारी देवे सकेके उनकर कहनाम बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।