सुनिल खण्डेलवाल उपर पशुपति, राजेश आ सचिन के अत्याचार आपन माई के ज्यान मारेके खोजल षड्यन्त्र कईल जा रहल

वीरगंज १६ फागुन,

अपने तीन गो भाई से यातना भोगत आईल वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १० आदर्शनगर निवासी सुनिल खण्डेलवाल उपर आपन माई के ज्यान मारेके खोजल गम्भिर आरोप लगा के षड्यन्त्र कईल जा रहल बतवले बानी । तीन भाई पशुपति खण्डेलवाल, राजेश खण्डेलवाल तथा सचिन खण्डेलवाल माई के नाम से सुनिल उपर ज्यान मारेके खोजल कहके जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन दिउवईले बाडन ।

सुनिल उपर इहे फागुन १३ गते मंगर के दिन उनकर माई विमला देवी खण्डेलवाल खुद के मारे खातिर पेट्रोल छिटल आरोप लगावत ९८२ नं. मे निवेदन दर्ता भईल बा ।

सुनिल उपर उनकर माई से देहल निवेदन मे ३ शिर्षक मे आरोप लगावल गईल बा । पहिलका शिर्षक मे सुनिल संगोल के अंशियार ना रहल, दुसरका शिर्षक मे इहे फागुन १२ गते सँझिया भईल विवाद के समय मे सुनिल खुदसब उपर पेट्रोल छिटके ज्यान मारेके खोजल आ तिसरका शिर्षक मे सुनिल आ उनकर मेहरारु दुनु जने आपन देह मे पेट्रोल डाल के आत्महत्या करके सभी परिवार के फँसावे के खोजल कहके उल्लेख कईल बा । सुनिल उपर उनकर माई निवेदन देहला पर भी माई के तीन भाई प्रयोग कईल आरोप सुनिल के बा ।

तीन भाई माई के नाम से खुदे जिल्ला प्रशासन कार्यालय मे निवेदन देहल बतवनी ।
सुनिल के माई से देहल निवेदन के फर्छयौट करे खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय आदर्शनगर स्थित एस.टि.एफ. पुलीस के जिम्मा लगवले रहे माकिर खुद उपर गम्भिर आरोप लागल डर से सुनिल फर्छयौट करे खातिर एस.टि.एफ. पुलीस चौकी मे पुगला पर भी उजुरीकर्ता पक्ष उपस्थित ना भईला के चलते उनकर विरुद्ध के निवेदन उपर छलफल होखे ना सकल ।

उ बेर बेर एस.टि.एफ. पुलीस चौकी गईला पर भी उजुरीकर्ता पक्ष अर्थात माई उपस्थित होखे ना सकला के बाद उ जिल्ला प्रहरी कार्यालय गईनी माकिर केहु उनकर सिकाईत ना सुनलन । बरु पर्सा के प्रहरी नायब उपरीक्षक विरेन्द्र बहादुर शाही तोहनी के आपसी विवाद ह, लडाई कर, झगडा कर हमनी के का बा, हमनी पोष्टमार्टम कर देहेम, मुचुल्का उठा देहेम, बा त इन्स्योरेन्स के खातिर पत्र लिख देहेम कहके गैर जिम्मेवारीपूर्ण तरिका से जवाफ देहल सुनिल बतवनी ।

जिल्ला अदालत पर्सा मे अँश मुद्दा विचाराधीन रहल अवस्था मे तिनु भाई से मानसिक तथा शारिरिक यातना सहत आईल सुनिल अभी भाई के आतँक से आउर पीडित बनल बाडन । तिनु जने भाई मिल के बितल १ बरीस से शारिरिक तथा मानसिक यातना सहत आईल सुनिल के आरोप बा ।

तिनभाई मिल के सुनिल के पिटपाट कईला के साथे घर मे ताला लगा के सुनिल के परिवार सहित घर बाहर रहेमे बाध्य बनावल, घर के बीच मे देवाल खडा करेके, सिपटी मे ताला लगावेके, पिटपाट करेके, किचिन मे घुसे ना देहल जइसन काम करत आईल सुनिल के आरोप रहल बा । तिनु भाई वितल पाँच महिना से उ घर छोड के शालिमार होम्स मे फ्लेट किन के रहत आईल बाडन । आपन कब्जा करके राखल व्यापार के कार्यालय भी दोसर जगहा लेगईल बाडन ।

सुनिल मात्र आपन परिवार से उ घर मे रहत अईला के चलते विवाद कुछ दिन शान्त रहला पर भी अचानक शनिचर से फेनु ई विवाद सुरु भईल बा । सुनिल अकेले घर मे कब्जा करके रहल कहत तीन जने भाई एतवार से घर के झाल फोर के घर मे प्रवेश करेके खोजला पर विवाद भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।