मोटरसाइकल चोरी के घटना बढल, पुलीस प्रशासन मौन

वीरगंज १७ फागुन,
वीरगंज मे मोटरसाइकलक चोरी के घटना बढला पर भी पुलीस प्रशासन के कउनो उपलब्धि हासिल करे ना सकल बतवनी । हरेक दिन वीरगंज बजार क्षेत्र से हि मोटसाइकल चोरी हो रहल पिडितलोग बतवले बाडन ।
मोटरसाइकल चोरी के घटना मे कमी ना आईला से पर्सा पुलीस के खातिर मुडि दुखाई के विषय भईल पुलीस स्रोत बतवले बाडन । माकिर एने कुछ पुलीस के सलंग्नता मे मोटसाइकल चोरी हो रहल पिडितलोग आरोप भी लगावत आईल बाडन । हरेक दिन मोटरसाइकल चोरी भईल आ पुलीस प्रशासन मुखदर्शक भईला से पुलीस के सलंग्नता हो रहल अशंका उत्पन्न भईल स्थानिय के कहनाम बा । खास करके नयाँ पल्सर, एफजेड, एपाची आ साइन मोटरसाइकल चोरी हो रहल पिडितलोग बतावेलन ।
दिनके आ सँझिया मिनेट भर मे मोटसाइकल चोरी भईला से मोटरसाइकल चोर के विगविगी रहल सहजे बुझल जा सकता । मोटरसाइकल चोरी भईला के बाद पुलीस के खबर कईला पर भी कुछो करे ना सकल पिडितलोग के सिकाईत बा ।
एहितरे शुक के दिने दिन के हि वीरगंज महाविरस्थान से फेनु एगो नयाँ मोटरसाइकल चोरी भईल बा । हिमालय बैंक अगाडी से रात मे ८ः३० बजे वन टेस्ट पल्सर मोटसाइकल चोरी भईल पिडित बतवले बाडन । प्रदेश २–०३–००७ पिए ६९१५ नम्बर के पकहा मैनपुर गाँवपालिका वार्ड नं. ५ सबैठवा के रविकान्त कुमार चौरसिया के करिया आ लाल रंग के २ सय २० सिसि के नयाँ पल्सर मोटरसाइकल चोरी भईल बा ।
एक÷दु मिनेट मे मोटरसाइकल चोरी भईला के बाद पुलीस के खबर कईला पर भी पुलीस कुछो करे ना सकल पिडित चौरसिया सिकाईत कइनी । कुछ दिन पहिले मात्र चौरसिया नयाँ मोटरसाइकल खरिद कईले रहलन आ चोरी भईल उ मोटरसाइकल मे नम्बर भी लिखावे ना सकल अवस्था मे चोरी भईल उ जानकारी देहनी ।





