नेपाल मजदुर किसान पार्टी एमसिसी के खारिज करेला कईलन विरोध जुलुस

प्रभु यादव

बारा १८ फागुन,
नेपाल मजदुर किसान पार्टी बारा आजु जिल्ला सदरमुकाम कलैया मे देश के खातिर घातक भईल एमसीसी सम्झौता खारेज करेला जुलुस सहित केेेेे सभा कईले रहलन ।

नेमकिपा बारा के अध्यक्ष मुक्ति प्रसाद यादब के अगुवाइ मे निकलल बिरोध जुलुस सदरमुकाम कलैया के बजार परिक्रमा करत बहुते अवाज मे नाराबाजी सहित घुमले रहल । रेली के वाद कोण सभा मे बोलत अध्यक्ष यादब सरकार के काम के बिरोध करत एमसीसी सम्झौता खारेज करेला सरकार से निहोरा कईले रहलन ।

सरकार तानासाही बनल जारहल बा आ देश मे भ्रष्टाचार दिने दिन बढल जाता बतवनी ।
विरोध कार्जक्रम मे नेमकिपा के केन्द्रिय सदस्य उकेश कवा, नेपाल क्रान्तिकारी युवा संघ के केन्द्रिय सदस्य महेन्द्र बिसुके, नेमकिपा बारा के उपाध्यक्ष रेंजु देबी साह अउर नेमकिपा के नेता कार्यकर्ता लोग के उपस्थिति रहल रहे । बिरोध सभा के संचालन हरिराम सुवाल कईले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।