कोरोना भाईरस से बचेला माक्स बटाईल।

प्रभु यादव
फागुन २३ गते
युवा संघ नेपाल बारा शाखा से कलैया के भरत चौक मे कोरोना भाईरस से बचेला माक्स बाटल गईल बा । रास्ता मे चलेवाला सर्वसधारण लोग के कोरोना भाईरस से बचेला साबुन पानी से हाथ धोये के आ मुह मे माक्स लगा के चले के जनकारी करावत देहल गईल ।
विश्व मे बहुत देश मे कोरोना भाईरस महामारी के रूप लेहले बा नेपाल चिन अा भारत के बिच मे रहला से बहुते जोखिम भईला से सवधानी अपनावे के सर्वसधारण जनता के सचेत करावेला माक्र्स देहत कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि मुकेश साह जनकारी देहनी ।
रास्ता मे चलेवाला लोग के एक हजार जने के माक्स देहत सवधानी अपनावे के आ अउर लोग के जनकारी सल्लाह देवे के कहत सहयोग कईल गईल । परोसी देश चिन से सुरू भईल विमारी कोरोना भाईरस हात आ मुह नाक से हाछु कईला पर पाटरहल भईला से गाव गाव मे पुग के सभे लोग मे जनकारी करा के सचेत करावे के पडल सहभागी लोग के कहनाम रहल ।
राष्ट्रिय युवा संघ नेपाल बारा शाखा के अध्यक्ष पुरूषोतम साह के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे रमेश साह , बैधनाथ साह , राजमहम्द राय , अविद अंसारी , रूषतम अंसारी , रमोद यादव , महानन्द यादव , राजेश्वर कुशवाहा , हरिओम साह , विनोद गुप्ता , अनिल कर्ण , अजित कुशवाहा , असमुल्लाह ठकुराई , राज खान आ संजय तिवारी लगायत के सहभागिता रहल ।






