राजपा पर्साद्धारा होली मिलन कार्जक्रम

वीरगंज २३ फागुन,
राजपा नेपाल पर्सा के आयोजना मे आजु होली मिलन समारोह पुरा भईल बा । राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल पर्सा के अध्यक्ष राजेशमान सिंह के अध्यक्षता मे होली मिलन कार्जक्रम पुरा भईल बा ।
हरेक बरीस मनावत आ रहल हिन्दुलोग के महान चार्ड होली परब ई बरीस भी धुमधाम के साथ मनावल गईल बा । वीरगंज के आदर्शनगरस्थित स्विमिङ्ग पुल परिसर मे आयोजना कईल होली मिलन कार्जक्रम मे अनेकन राजनैतिक दल, संघ सस्था, बुद्धिजिवि, युवा आ सन्चारकर्मीलोग के उल्लेखनिय सहभागीता रहल रहे ।
बिश्व मे कोरोना भाईरस के डर के चलते गलत अफवाह फईलल सन्दर्भ मे कउनो कार्जक्रम आ होली कार्जक्रम ना करेके आ भिडभाड होखेवाला कउनो कार्जक्रम ना रकेके तथा ना करावे खातिर प्रशासन से रोक लगईले बा ।
फिरभी राजनैतिक दल, संघ सस्था आ सन्चारमाध्यमसब शुक के दिने होली मिलन कार्जक्रम करके सदभाव, आपसि भाईचारा, दीर्घकालिन प्रेमभाव आ सदियो से मनावत आ रहल होली के निरन्तरता देहल राजपा जिल्ला अध्यक्ष राजेशमान सिंह बतवनी ।
कार्जक्रम मे जनानी नेतृ रम्भा मिश्रा, मुन्नी श्रीवास्तव, नेता प्रेमबाबु पटेल लगायत के सहभागीता रहल रहे । उ कार्जक्रम मे सास्कृतिक कार्जक्रम भी कईल गईल रहे ।






