सरकार के सफल बनावल अभी के कार्यभार :- प्रवक्ता श्रेष्ठ

काठमाण्डु २४ फागुन,

नेपाल कम्युनष्टि पार्टी (नेकपा) के प्रवक्ता नारायणकाजी श्रेष्ठ वर्तमान सरकार के सफल बनावल अभी के केन्द्रीय कार्यभार भईल बतवले बानी । प्रेस सङ्गठन नेपाल, उपत्यका प्रदेश कमिटी के प्रथम भेला एवं शपथग्रहण समारोह के सम्बोधन करत उ समाजवाद निर्माण के आधार तइयार करे खातिर सरकार के हरहालत मे सफल बनावे के बतवले बानी ।

“सरकार के सफल ना बनईला पर जनता मे निरासा छाई, देश के सामाजिक आ आर्थिक रुपान्तरण होखे ना सकि, वैदेशिक हस्तक्षेप वृद्धि आ प्रतिगमन मे खतरा उत्पन्न हो सकता”, कहके बतवनी । प्रवक्ता श्रेष्ठ पार्टी के विग्रह मे लेजाएके भा एकता के खलबलावेवाला कउनो भी बात छुट देवेके ना होखी कहत सरकार सुशासन आ विकास मार्फत समाजवाद के आधार तइयार करेके बात मे जोड देहनी ।

उ एकरा खातिर वस्तुपरक आ अध्ययनशील पत्रकारिता करे खातिर पत्रकार के आह्वान करत देश के रुपान्तरण तथा अनेकन चरण मे भईल परिवर्तनकारी आन्दोलन मे पत्रकार से खेलल भूमिका असाधारण रहल चर्चा कइनी ।

पार्टी आ सरकार के तेजी के साथ अगाडि बढावे मे सक्षम होके देश रुपान्तरण के खातिर सक्रिय होखेमे विश्वास व्यक्त करत उ सूचना प्रविधि के विकास सँगे आउर बेसी प्रेस जगत के जरुरत बढल बतवनी ।

सामाजिक न्याय सहित के समृद्धि के लक्ष्य पूरा करे खातिर पार्टी एकता भईल उल्लेख करत उ रणनीतिक समाजवाद के आधार तइयार कईल हि अभी पार्टी के मुख्य कार्यभार रहल उनकर कहनाम रहे ।

उ जनता के बहुदलीय जनवाद आ २१ वाँ शताब्दी के जनवाद के विचार के अभी यथावत राख के समाजवादोन्मुख जनता के जनवाद के कार्जक्रम के रुपमे अगाडि बढावल स्पष्ट कइनी ।

नेकपा के स्थायी कमिटी सदस्य तथा वाग्मती प्रदेश कमिटी के इञ्चार्ज अष्टलक्ष्मी शाक्य जनता के यथार्थपरक सूचना प्रवाह करके प्रेस सङ्गठन के जवाफदेहिता के साथ अगाडि बढे खातिर निहोरा कइनी । पत्रकारिता क्षेत्र मे जनानी पत्रकार के सहभागिता बढावे के कहत उ सङ्गठन तथा पार्टी के समानुपातिक तथा विभेदमुक्त बनावे के बतवनी ।

प्रेस सङ्गठन के इञ्जार्च तथा केन्द्रीय सदस्य राजेन्द्र गौतम सङ्गठन के पत्रकार से पार्टी आ सरकार के सकारात्मक आलोचना भी जरुरी रहल बतावत समस्या के आन्तरिक छलफल के माध्यम से समस्या के समाधान करेके बात मे जोड देहनी ।

पार्टी के केन्द्रीय सदस्य, प्रचार विभाग उपप्रमुख तथा प्रधानमन्त्री केपी शर्मा ओली के प्रेस सल्लाहकार सूर्य थापा सङ्गठन के लोभलाग्दो आ भरलाग्दो बनावे के बात मे जोड देत पार्टी हि प्रेरणा के स्रोत के रुप मे होखेके बतवनी ।

उ सञ्चार क्षेत्र मे अनेकन किसिम के सुधार के बारे मे सङ्गठन वितल लम्हर समय से बहस चलावत आईल आ सरकार उहे मुताविक संस्थागतरुप मे कानूनी आधार तइयार कईल बतवनी ।

उ संविधान सँगे बाझेवाला कउनो भी कानून ना बनेके उल्लेख करत बनला मे भी अदालत से खारेज करेके स्पष्ट संवैधानिक अधिकार रहल स्पष्ट कइनी । नेकपा वाग्मती प्रदेश के अध्यक्ष नारायण दाहाल वाग्मती प्रदेश सभी सङ्गठन एकता के काम पुरा कईल उल्लेख करत पार्टी के आम नेपाली जनता के बीच मे सुदृढ तथा एकताबद्ध बनावत लेजाए के बतवनी ।

सङ्गठन के केन्द्रीय संयोजक महेश्वर दाहाल प्रदेश तथा जिल्ला के सदस्य के शपथ ग्रहण करावत पार्टी मुताविक सङ्गठन गतिशील आ एकीकृत तरिका से अगाडि बढेके उल्लेख कइनी । पार्टी, सरकार आ जनताबीच जोडेवाला महत्वपूर्ण जिम्मेवारी प्रेस सङ्गठन के रहल उल्लेख करत उ पार्टी आ सङ्गठन के एजेण्डा गतिशील आ उत्कृष्ट होखेके बात मे जोड देहनी ।

न्यूनतम पारिश्रमिक समिति के अध्यक्ष राजेन्द्र अर्याल प्रेस सङ्गठन से श्रमजीवी पत्रकार के आन्दोलन के उच्च प्राथमिकता तथा माग के पूरा करे खातिर आपन पूर्ण साथ आ सहजोग होखेके भी प्रतिबद्धता जनवनी ।

नेकपा के केन्द्रीय सदस्य विष्णु रिजाल, सङ्गठन के सहसंयोजक गणेश बस्नेत, प्रेस चौतारी के पूर्वअध्यक्ष गगन विष्ट, सङ्गठन के नेता बलराम थापा लगायत वर्ग सङ्घर्ष के लम्हर लडाई मे प्रेस सङ्गठन समाजवादी यात्रा के पार्टी तथा सरकार के सङ्कल्प मे साथ आ सहजोग करके अगाडि बढेके बतवनी ।

उपत्यका प्रदेश कमिटी इञ्चार्ज शुरोजङ्ग पाण्डे शुभकामना मन्तव्य राखत पार्टी तथा सरकार के भावी योजना तथा प्रतिपक्षी से कईल भ्रम के हटावे खातिर योजनाब्द्ध अगाडि बढेके उद्घोष कइनी । सङ्गठन के उपत्यका संयोजक नवराज दाहाल काठमाण्डु, भक्तपुर आ ललितपुर मे सङ्गठन के एकता प्रक्रिया पूरा भईल जानकारी करवनी ।

कमिटी के सहसंयोजक प्रकाश सिलवाल के मुताविक प्रदेश कमिटी के ६५, काठमाण्डु के ४१, ललितपुर के ३७ आ भक्तपुर के २९ सदस्यीय कमिटी के सदस्य के शपथ दिलवले रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।