ठोरी मे सर्पदंश उपचार केन्द्र खुलल

वीरगंज २५ फागुन,
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका मे सर्पदंश उपचार केन्द्र स्थापना भईल बा ।
ठोरी गाँवपालिका–४ पानीटंकीस्थित आर्मी ब्यारेक मे स्थापना भईल सर्पदंश केन्द्र के उदघाटन आजु एगो कार्जक्रम के बिच कईल बा ।
नेपाली सेना के सहायक रथी अनुपजंग थापा आ गाँवपालिका के अध्यक्ष पदमलाल श्रेष्ठ संयुक्त रुप मे सर्पदंश उपचार केन्द्र के उदघाटन कईल स्थानीय युवा समाजसेवी निमा पाख्रिन बतवनी । नेपाली प्रााबधिक सहजोग आ गाँवपालिका के व्यवस्थापन मे उ सर्प दंश केन्द्र सञ्चालन होखेके बतवनी ।
समय मे हि उपचार ना मिलला से साँप के काटला से हरके बरीस ई क्षेत्र के स्थानीय अकाल मे मृत्यु गुमावत आईल बाडन । सर्प दंश उपचार केन्द्र स्थापना भईला सँगे साँप से काटल मरेजी के ईलाज के खातिर वीरगंज भा चितवन के भरतपुर लेजाएवाला अवस्था के अन्त्य होखेके अध्यक्ष श्रेष्ठ बतवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाली सेना के सहायक रथी थापा, पर्सा राष्ट्रिय निकुंज के प्रमुख संरक्षण अधिकृत अमिर महर्जन, गाँवपालिका के अध्यक्ष श्रेष्ठ, वार्ड अध्यक्ष वइबहादुर पाख्रिन लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।





