समृद्धि प्राप्ति के खातिर तीनु तह के समन्वय :- मुख्यमन्त्री गुरुङ

पोखरा, ३ चईत,

गण्डकी प्रदेश के मुख्यमन्त्री पृथ्वीसुब्बा गुरुङ समृद्धि के लक्ष्य प्राप्ति के खातिर तीनु तह के सरकार के समन्वयात्मक भूमिका होखेके बतवले बानी । गण्डकी प्रदेश नीति तथा योजना आयोगद्वारा आजु पोखरा मे आयोजना कईल प्रदेश विकास परिषद् के प्रथम बईठक के उद्घाटन करत उ सङ्घीयता के सफल कार्यान्वयन के खातिर भी तीनु तह के समन्वय भईला के विकल्प ना भईल बतवनी ।

प्रदेश के समग्र दिगो विकास के लक्षित करत सरकार अगाडि बढल बतावत मुख्यमन्त्री गुरुङ प्रदेश नीति तथा योजना आयोग के माध्यम से अल्पकालीन एवम् दीर्घकालीन योजना तय कईल बतवनी ।

प्राकृतिक स्रोतसाधन के अधिकतम उपयोग करत प्रदेश के समृद्धि आ विकास ओरी अगाडि बढेके अभी के जरुरत भईला मे जोड देत उ दक्ष जनशक्ति तइयार करत उलोग के सीप क्षमता के इहे उपयोग करेके बतवनी ।

शिक्षा, स्वास्थ्य, कृषि, पर्यटन, खानेपानी, उज्यालो प्रदेशलगायत विषय प्रदेश के प्राथमिकता मे रहल बतावत उ ईलोग के विकास विना समृद्धि आ विकास के लक्ष्य हासिल होखे ना सकेके बतवनी ।
प्रदेश नीति तथा योजना आयोग के उपाध्यक्ष डा गिरिधारी शर्मा पौडेल प्रदेश के प्रथम पञ्चवर्षीय योजना के सारांश प्रस्तुत करत इहे योजना के जग मे अगाडि बढेके विश्वास व्यक्त कइनी ।

यकिन तथ्याङ्क के कमी मे विकास के नीति तथा योजना से सार्थकता मिले ना सकेके जोड देत उ ई समय मे तथ्याङ्क के सङ्कलन विश्लेषण जईसन बात के प्राथमिकता के साथ अगाडि बढावल गईल बतवनी ।
हरेक स्थानीय तह आपन क्षेत्र भितर के हरेक विषय मे यकिन तथ्याङ्क तइयार करके मात्र विकास के योजना तय करेके बात मे उनकर जोड बा ।

राष्ट्रिय योजना आयोग के सदस्य डा दिलबहादुर गुरुङ नेपाल सरकार के १५ वाँ योजना आ गण्डकी प्रदेश के प्रथम पञ्चवर्षीय योजना बीच के सम्बन्ध के बारे मे प्रकाश पारत राज्य से लेहल आर्थिक वृद्धि दर के लक्ष्य प्राप्त होखेवाला किसिम से अगाडि बढेके बतवनी ।

दु दिने बईठक मे गण्डकी प्रदेश के प्रथम पञ्चवर्षीय योजना मे आर्थिक क्षेत्र, सुशासन आ लोकतन्त्र, भौतिक पूर्वाधार, सामाजिक क्षेत्र लगायत के प्रस्तुतीकरण एवम् छलफल होखेके प्रदेश नीति तथा योजना आयोग के सदस्य डा भीम ढुङ्गाना जानकारी देहनी ।

गण्डकी प्रदेश अन्तर्गत के मन्त्री, प्रदेशसभा सदस्य, स्थानीय तह के प्रमुख तथा उपप्रमुख एवम् विकास सम्बद्ध निकाय के प्रतिनिधि सहभागी बइठक मे प्रथम पञ्चवर्षीय योजना के मस्यौदा स्वीकृति के खातिर पेश करत पारित करेके जनावल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।