कोरोना विशेष अस्पताल के सेवा सुरु

चितवन ०७ चईत
भरतपुर मे ७२ घण्टा मे कोरोना विशेष (अस्थायी) अस्पताल सञ्चालन मे लिआवल गईल बा । साधारण ५० श्यया तइयार करके सेवा प्रारम्भ कईल बा । १०÷१० श्यया के सघन ईलाज कक्ष आ हाइ डिपेन्डेन्ट युनिट (एचडीयु) के निर्माण काम हो रहल बा ।
वाग्मती प्रदेश के ओरी से सामाजिक विकासमन्त्री युवराज दुलाल बेमार आ स्वास्थ्यकर्मी के जरुरी पडेवाला व्यक्तिगत सुरक्षा सामान (पिपिइ) भरतपुर महानगरपालिका के प्रमुख रेनु दाहाल के हस्तान्तरण करके अस्पताल शुभारम्भ भईल घोषणा कइनी ।
उ अवसर मे मन्त्री दुलाल कहनी कि, “कोरोना भाइरस से लडे खातिर सक्षम बानी कहके सन्देश भरतपुर देहले बा ।” अभी के विसंम परिस्थिति मे आम नेपाली एकजुट होके चुनौती के परास्त करेके उनकर कहनाम रहे । प्रदेश मे एक हजार श्यया के आइसोलेसन आ ३०० श्यया के सघन ईलाज कक्ष तइयारी अवस्था मे रहल जानकारी उ देहनी ।
मन्त्री दुलाल वाग्मती प्रदेश के हेटौँडा मे मात्र ५०० श्यया के क्यारेन्टाइन (निगरानी कक्ष) तइयार करेके काम हो रहल बतवनी । सरकार बेमारी आवे ना देवे खातिर काम कर रहल कहत उ विमानस्थल से सभी नाका मे जाँच के कडाइ कईल बतवनी ।
उ अवसर मे भरतपुर महानगरपालिका के प्रमुख रेनु दाहाल महानगर जनता के वास्तविक अभिभावकत्व ग्रहण करत कम समय मे उ काम पुरा करे सकल बतवनी । स्थानीय सरकार, प्रदेश सरकार आ सङ्घीय सरकार के परामर्श मे काम हो रहल कहत उ सरोकारवाला के सहजोग आ निरन्तर खटावल गईला के चलते अस्पताल निर्माण करेमे सफलता मिलल बतवनी ।
कार्जक्रम मे नेपाल चिकित्सक सङ्घ के केन्द्रीय उपाध्यक्ष डा अनिलविक्रम कार्की चिकित्सक आ स्वास्थ्यकर्मी के उच्च मनोबल के साथ काम करे खातिर सुरक्षित औजार उपकरण जरुरी रहल बतवनी । उ कहनी कि, “हमनी डराईल नइखी, ना डराएम, ना डरइला पर भी कुछो भईला पर राज्य देखी कहके प्रत्याभूति दिलावेके पडि ।”
भरतपुर महानगर के स्वास्थ्य विज्ञ डा भोजराज अधिकारी बेमार सोझे ई अस्पताल मे ना आके पाँच चरण पूरा कईला के बाद मात्र ईलाज मे जाएके बतवनी ।
पहिलका चरण मे घर से चिकित्सक सँगे टेलिफुन मे परामर्श करे खातिर निहोरा करत उ घर से सम्भव ना भईला पर दुसरका चरण मे स्थानीयस्तर के स्वास्थ्य केन्द्र मे फिवर क्लिनिक मे परीक्षण करे खातिर निहोरा कइनी । उनकर परमर्श मुताविक आवेवाला मरेजी के कोरोना अस्पताल के मूलद्वार मे हि परीक्षण करके आउर परीक्षण करेके ना देखल गईला मे घर पठावल जाई ।
परिक्षण करेेेेे वालाअस्पताल के बहिरङ्ग सेवा मे पठावल जाई । उहाँ परीक्षण के बाद जरुरी पडला पर मात्र भर्ना प्रक्रिया अगाडि बढावेके उ जानकारी देहनी । जिल्ला के १० विशेष चिकित्सक के मोबाइल नं सार्वजनिक कईल कहत उ नम्बर मे सम्पर्क करे खातिर सभी मे निहोरा कइनी ।
सकेभर सामान्य अवस्था मे अस्पताल ना आवे खातिर सुझाव देहनी । अस्पताल सञ्चालन करे खातिर भरतपुर अस्पताल, बिपी कोइराला मेमोरियल क्यान्सर अस्पताल, चितवन मेडिकल कलेज आ कलेज अफ मेडिकल साइन्सेस जरुरी श्यया एवं उपकरण उपलब्ध करवले बाडन ।
निजी अस्पताल समन्वय समिति प्रयोगशाला आ रेडियोलोजी विभाग के संयोजन कर रहल बा कहके उद्योग वाणिज्य सङ्घ चितवन आ उद्योग सङ्घ चितवन आउर जरुरी सामान सहजोग कर रहल बा । ना पुग के सामान भरतपुर महानगरपालिका खरिद करके अस्पताल सञ्चालन मे लिआईल बा ।






