जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ के बईठक से अनेकन निर्णय

वीरगंज १० चईत,

जिल्ला बचत तथा ऋण सहकारी संघ लि. पर्सा के आजु बईठल बईठक से अनेकन ३ बुंदे निर्णय कईले बा ।
संघ के राजेश पंडित तथा संघ के प्रमुख सल्लाहकार एवं राष्ट्रिय सहकारी विकास बोर्ड नेपाल के संचालक सदस्य शम्भु प्रसाद गुप्ता के विशेष उपस्थिति मे बईठल बईठक से कोरोना भाइरस रोकथाम तथा नियन्त्रण सम्बन्धि अनेकन तीनबुंदे निर्णय कईल संघ के सचिव पन्नालाल महतो बतवनी ।

बईठक से जिल्लाभर रहल ई संघ से आबद्ध सभी सँस्थासब नगद सम्बन्धि कारोबार संचालन करेके समय सबेरे १० बजे से दिन के २ बजे तक रहेके तथा बहुते जरुरी काम बाहेक आउर काम दोसर निर्णय ना होखे तक बन्द रहेके, कोरोना रोकथाम तथा नियन्त्रण के खातिर आपन आपन सँस्था के कर्मचारी तथा सदस्यलोग के भीडभाड मे ना जाएके निर्णय कईले बा ।

एहितरे साबुन पानी से २० सेकेन्ड तक मलमल के हाथ धोवेके, माक्स प्रयोग करेके, सेनेटाइजर के प्रयोग करेके जईसन जनचेतना फईलावे खातिर प्रोत्साहित करेके आ करावेके तथा अन्तर्राष्ट्रिय एवं राष्ट्रिय स्तर के विपत के समय मे सभी सँस्थासब सम्बन्धित निकायसब से समन्वय करके आर्थिक सहजोग जुटा के सहजोग करेके निर्णय कईल सचिव महतो बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।