कलैया बजार पूर्ण रुपमे बन्द

प्रभु यादव
बारा ११ चईत,
कोरोना संक्रण फैईले ना देवेला देश मे सात दिन खातिर लकडाउन कईल सरकार के निर्णय के बारा मे प्रभावकारी कार्यान्वयन भईल प्रशासन से जनकारी कईल गईल बा ।
जिल्ला सदरमुकाम कलैया मे तरकारी, दवाई आ किराना दुकान कुछ मात्रा मे खुलल बाकि सब बन्द रहल रहे । कलैया सहित जिल्ला के मुख्य बजार सब जीतपुरसिमरा, निजगढ, परवानीपुर बजार सब बन्द रहल अउर राजमार्ग, कलैया विरगज लगायत के रास्ता मे चलेवाला गाडी सब करीब ९० प्रतिशत कम भईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्र प्रसाद पण्डीत बतावले बाडन ।
चईत ४ गते फ्रान्स मे पढेवाला लडकी कतार होते नेपाल आईल जवना मे कोरोना भाईरस भेटल जवना से भाइरस बढ सकता ओकरा के रोके खातिर सरकार से सोमवार के सझिया मगलवार से विहनीया के ६ बजे से लक डाउन १८ गते सझिया के ६ बजे तक कईले बा जवना के प्रभावकारी कार्यन्यवन करावेला प्रशासन से दिनभर निशेधाज्ञा जारी कर के आवत जावत मे रोक लगाँवले रहल । निशेधाज्ञा के कुछ नागरीक लोग अटेर करे के प्रयास कईलक माकिर ओकर कवनो प्रभाव ना भईल प्रमुख जिल्ला अधिकारी पण्डित जानकारी देहनी ।
पुर्व पश्चिम राजमार्ग आ त्रिभुवन राजपथ के मुख्य नाका मे जादही संख्या मे सुरक्षाकर्मी तैनाथ भईल पण्डित अत्याआवश्यक मालसामान ढुवानी बाहेक के सवारीसाधन सब के शुरक्षाकर्मी से कडाई कईल गईल रहल ।






