पुलीस के बदमासी, रिपोर्टिङ करे गईल पत्रकार उपर हि लाठीचार्ज

वीरगंज १२ चईत,
वीरगंज मे पुलीस गुण्डागर्दी शैली मे पत्रकार के नियन्त्रण मे लेके निर्घात पिटपाट करत आजु दुव्र्यवहार कईले बा । पत्रकार जाकिर हुसैन के वीरगंज के रानीघाट से पिटपाट करके दुव्र्यवहार करत पकडले रहलन ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण के नियन्त्रण करे खातिर सरकार से लागु कईल लकडाउन के बारे मे रिर्पोटिङ करे खातिर सँझिया हुसैन रानीघाट पुगला पर उनका उपर पुलीस आक्रमण कईले रहलन ।
पत्रकार महासंघ के जिल्ला अध्यक्ष श्याम बन्जारा लगायत पत्रकारलोग वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर मे पुगला के बाद पुलीस हुसैन के छोडले रहे ।
दिनभर लकडाउन के चलते रानीघाट लगायत के एरिया सुनसान बनल रहे ।
सँझिया भईला के बाद अतिआवश्यक खाद्यान्न वस्तु किनमेल करे खातिर स्थानिय घर घर से निकाल के रानीघाट चोक मे पुगल रहलन । चोक मे भिडभाड भईल कहत स्थानिय प्रहरी चौकी के पुलीस सम्झईला के बदले अन्धाधुन लाठीचार्ज करे लगलन ।
रिर्पाेटिङ करे पुगल हुसैन के भी पुलीस चौकी के पुलीसलोग लक्षित करके अन्धाधुन लठी प्रहार कईले रहलन । खुद पत्रकार भईल परिचय पत्र देखईला पर भी कुछ सुनवाई ना करके उल्टे पिटपाट करके दुव्र्यवहार करत पकडल पिडित पत्रकार हुसैन सिकाईत कइनी ।
उ, ‘पुलीस के पिटपाट ना करे खातिर निहोरा कईला पर भी तीन चार जने के समूह मे रहल उलोग लछारपछार करत जबरजस्ती पुलीस के गाडी मे डाल के वडा प्रहरी कार्यालय श्रीपुर मे लेगईल रहलन ।’ माकिर कार्यालय के प्रहरी निरिक्षक दिपक साह घटना मे संलग्न पुलीस के कारवाही करेके वाचा करत विना सर्त हुसैन के छोडले रहलन ।
एने महासंघ के अध्यक्ष बन्जारा पुलीस निरिक्षक साह दोषी पुलीस उपर कारवाही करेके प्रतिबद्धता जनईला के बाद पत्रकार हुसैन के लियावल बतवनी ।
पत्रकार उपर दुव्र्यवहार भईल ठाडो प्रेस स्वतन्त्रता उपर के प्रहार ह आ ई कउनो भी हालत मे महासंघ के सहय ना होखी, कहत उ, ‘पुलीस आपन रवैया मे सुधान ना लिअईला पर उलोग विरुद्ध कडा रुप मे प्रस्तुत होखेम ।
हुसैन न्यूज २४ टिभी के फोटो पत्रकार हउवन । उ नारायणी अस्पताल से पिटपाटके घाँवचेकजाँच करा के दोषी पुलीस उपर कारवाही करे खातिर निवेदन देवेके तइयारी कईले बाडन ।






