फेनु एक जने मे कोभिड–१९ पोजिटिभ

काठमाण्डु १२ चईत,

कोभिड–१९ के पोजिटिभ फेनु एक जने मे देखल गईल बा । स्वास्थ्य तथा जनसङ्ख्या मन्त्रालय के सूचना अधिकारी गणेश श्रीवास्तव फेनु एक जने मे आजु कोभिड–१९ पोजिटिभ देखल गईल जानकारी देहनी ।

उनका मुताविक उ पोजिटिभ देखल गईल आदमी के शुक्रराज ट्रपिकल तथा सरुवा रोग अस्पताल मे टेकु मे आइसोलेसन मे राख के ईलाज हो रहल बा । उ आदमी के बारेमे विस्तृत विवरण प्राप्त ना भइल बतवनी । एकरा सँगे नेपाल मे तीन जने मे कोरोना भाइरस पोजिटिभ देखल गईल बा ।

एकरा से पहिले फ्रान्स से कतार होत नेपाल आईल १९ बरीस के युवाती के पोजिटिभ देखल गईल रहे आ एक जने पोजिटिभ के मरेजी ईलाज के बाद घर फिर्ता भईल बाडन । अभी तक मन्त्रालय के तथ्याङ्क मुताविक ६८७ मे कोभिड–१९ के नमूना परीक्षण भईला मे ६८४ मे नेगेटिभ देखल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।