लकडाउन मे वीरगंज बजार अनुगमन

वीरगंज १३ चईत,
लकडाउन के समय मे काला बजारी करेवाला वीरगंज के तीन गो दोकान के कारबाही कईल गईल बा । जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा के सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत नेतृत्व के बजार अनुगमन टोली तीन गो पसल के कारबाही कईले बा ।
कम दाम मे मिलेवाला ग्लोब ५० रोपेया मे बिक्री कईल आ अनुगमन टोली के खरिद मूल्य ना देखा के असहजोग कईला से सुरेश मेडिकल हल के कारबाही कईल रहे ।
घण्टाघर से दक्षिण ओरी के सुरेश मेडिकल के २० हजार रोपेया आ मीना बजार क्षेत्र के दु गो तरकारी दोकान के एकएक हजार जरीवाना कईल वाणिज्य, आपूर्ति तथा उपभोक्ता हित संरक्षण कार्यालय के सूचना अधिकारी दिलिप खंग खत्वे जानकारी देहनी ।
“कउनो भी सामान के ५ से २० प्रतिशत नाफा लेहल जा सकता । माकिर सुरेश मेडिकल ग्लोब ५० रोपेया मे बिक्री कईल मिलल, किनल दाम के आधार देखावे ना सकलन ।
उपभोक्ता संरक्षण ऐन २०७५ मुताविक अनुगमन मे असहजोग कईला से जरिवाना कईल गईल बा,” कहत उ, “भरत इन्टरप्राइजेज, सिद्धार्थ तरकारी भण्डार से खरिद बिल ना देखावल आ दाम मनमौजी कायम कईल मिलल ।
सिकाईत करेवाला आदमी सँगे रहल अवस्था मे शुरु मे बेसी दाम लेहले नइखन कहके झुठ बोलल आ बाद मे मात्र स्वीकार कईला से सुरेश मेडिकल के बेसी जरीवाना कईल उनकर कहनाम बा ।
अनुगमन टोली नगवा, मुर्ली, पानीट्याङकी क्षेत्र के तरकारी बजार मे बेसी दाम मे तरकारी, खाद्यान्न आ दवाई जईसन जरुरी सामान बिक्री ना करे खातिर निहोरा कईले रहे ।





