जगरनाथपुर गा.पा. वार्ड नं. १ पिडारीगुठी मे राहत बाँटेके समय मे स्थानीय आ पुलीस बिच झडप

मेघराज राय
जीराभवानी २२ बैशाख
पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका वार्ड नम्बर १ पिडारीगुठी मे राहत बाँटेके समय मे स्थानीय आ पुलीस बिच झडप भईल बा ।
झडप के समय मे पुलीस से कईल लाठी चार्ज से ९ जने घायल भईल बाडन ।
घायल होखेवाला मे मनोज साह, जयनारायण महत्तो, कृष्णा चौबे, सोनालाल पटेल, सुनिल पटेल, ललन चौबे, विन्ध्यान्चल मुखीया बिन, विनोदसाह तेली आ मनोज महत्तो रहल बाडन ।
घायल मेसे मनोज साह के हाथ टुटल आ उनकर सेढवा स्वास्थ्य चौकी मे ईलाज हो रहल बा ।
आउर ८ जने के पिडारीगुठी के स्वास्थय चौकी मे ईलाज हो रहल बा ।
वार्ड अध्यक्ष मगरुराउत गद्धी फारम मे भर्पाइ कईला से कम राहत वितरण कईल विरोध मे स्थानीय विरोध कईला के बाद झडप भईल बा ।
विवाद बढला के बाद वार्ड अध्यक्ष गद्धी नेपाल पुलीस आ सशस्त्र पुलीस के खबर कईले रहलन आ ओकरा बाद झडप भईल रहे ।
राहत वितरण के खातिर वार्ड कार्यालय हरेक परिवार चाउर २५ किलो, आलु ५ केजी, दाल २ केजी, खाएवाला तेल २ लिटर, प्याज २ केजी, सोयाबीन १ केजी आ साबुन ४ थान बाँटेके भर्पाइ मे उल्लेख कईला म बाँटला पर चाउर २५ केजी, आलु २ किलो आ प्याज आधाकिलो मात्र बाटे लागला के बाद स्थानीय विरोध कईले रहलन ।
वार्ड अध्यक्ष गद्धी गाँवपालिका से पठावल राहत मे दाल ना रहल आ आउर सभी सामान वितरण कईल दावी कईले बानी ।
उ कुछ आदमी हुलदंगा करेके खोजला के बाद सुरक्षाकर्मी के बोलावल बतवनी ।
विपक्षी दल के नेतालोग राजनीतीक पुर्वाग्रह राख के खुद के बदनाम करावे के खोजल उनकर आरोप बा ।
हुलदंगा भईला के बाद राहत वितरण करेके काम स्थगीत कईल वार्ड अध्यक्ष गद्धी बतवनी ।






