मोतिसर मे ५० जने विपन्न के राहत देहल गईल

प्रभु यादव ,
बारा १६ चईत
गते बारा के कलैया उपमहानगरपालीका १८ मोतिसर मे ५० जने गरीब विपन्न लोग के राहत देहल गईल बा । नेपाल मुस्लीम अायोग के सहयोग मे मोतिसर गाव के मुस्लीम समुदाय मे राहत देहल गइल रमेश साह जनकारी करावले बाडन ।
जनही २० किलो चामल , तीन किलो दाल , खायेवाला तेल १ लिटर , नुन १ किलो आ हात धोयेला डिटवल साबुन १ गो देहल गईल साह जनकारी देहलन ।
विश्व व्यापी फैलल कोरोना भाईरस से बचेला आना फैले देवाला सरकार से अहवान कईल गईल लकडाउन मे घर से बहार ना जा रहल कमाके खायेवाला लोग के सहयोग पुगावेला राहत देहल गईल कार्जक्रम के अध्यक्ष समाजसेवी महम्मद कलामिदीन अंसारी ( मदनी ) जनकारी करावले बानी ।
राहत बाटे मे सहयोग करेवाला मुकेश साह , मुस्लिम संगठन नेपाल के केन्द्रीय सचिवालय सदस्य तथा बारा इन्चार्ज राजमहम्द राय , रूषतम अंसारी , शर्मा बैठा , लालु मिया , प्रभु साह आ असर्फ अली लगायत के लोग घर मे रह के महामारी से बचेला सफलता लेवे के पडल जनकारी देहले रहलन ।






