नारायणी अस्पताल मे २० बेड के आइसोलेसन वार्ड थपाई

वीरगंज १९ चईत,
कोरोना भाइरस संक्रमण रोकथाम तथा ईलाज के खातिर वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे २४ घण्टा भितर २० बेड के आइसोलेसन वार्ड बनावेके जनावल गईल बा ।
केन्द्र आ प्रदेश सरकार अस्पताल के कउनो किसिम के सहजोग ना कईला के बाद स्थानीय स्तर मे सहजोग संकलन करके २० बेड के वार्ड बनावे लागल बा । एकरा से पहिले नारायणी अस्पताल ५ बेड के आइसोलेसन वार्ड तइयार कईले रहे ।
पीपीई लगायत के आउर सुरक्षा आ ईलाज के सामान ना भईल कहत निजी अस्पताल कोरोना भाइरस संक्रमण के शंकास्पद मरेजी के भी भर्ना लेवेके मान रहल नइखे ।
आइसोलेसन वार्ड मात्र बनावे खातिर ६ लाख लागेके आ बेड सहित के व्यवस्थापन मिलावे खातिर ९ लाख लागेके अनुमान कईल बा । वीरगंज के दातालोग आइसोलेसन वार्ड बनावे खातिर सहजोग करे खातिर तइयार भईल बाडन । अस्पताल के आकस्मिक कक्षमाथि वार्ड बनाउने काम बुधबारबाटै सुरु गरिएको छ ।
आकस्मिक कक्षको माथिल्लो तल्लामा अहिले ४ वेडको आईसीयू सञ्चालनमा छ भने अगाडी तर्फको भागमा पिलर उठाइएको भएपनि गाह्रो लगाइएको छैन । त्यही खाली ठाउँमा २४ घण्टा भित्र २० वेडको आइसोलेसन वार्ड तयार गरिने अस्पतालका मेडिकल सुपरीटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
‘२४ घण्टा मे आइसोलेसन वार्ड बनावे सकला पर एगो रेकर्ड हि बनी, ओकरा से बढिया जरुरी पडाल पर ईहाँ के नागरिक के सेवा देवे मिली,’ कहत उ, ‘कोरोना भाइरस संक्रमण के सम्भावित मरेजी के ईलाज मे सहज होखी । आईसियू के बगल मे भईला से सिरियस मरेजी के देखभाल कईल जा सकता ।’
कोरोना संक्रमण रोकथाम के खातिर फिभर क्लिनिक चलावेवाला अस्पताल के सरकार १० लाख के दर से सहजोग करेके भईला पर भी पईसा ना आईल उनकर कहनाम बा ।
कोरोना भाइरस के हल्ला चले लागला के बाद निजी अस्पताल बोखार के मरेजी ना लेवेवाला भईला से नारायणी मे चाप बढल बा । आकस्मिक कक्ष मे दैनिक आवेवाला १ सय मरेजी मेसे १० जने बोखार हि मरेजी के हो रहल अस्पताल जनवले बा ।
अभी तक नारायणी कोरोना भाइरस संक्रमण के संकास्पद मरेजी एक जने के मात्र थ्रोट स्वाब संकलन करके जाँच के खातिर पठवले बा । ओकर रिपोर्ट नेगेटिभ आईल मेसु डा उपाध्याय जानकारी देहनी ।
स्वास्थ्यकर्मीलोग विषम परिस्थिति मे जोखिम सहके काम कर रहल उनकर कहनाम बा ।
‘कोरोना भाइरस संक्रमण के जोखिम न्यूनिकरण के खातिर हमनी सँगे बहुते बात नइखे, माकिर स्वास्थ्यकर्मी के मनोबाल आ अठोट बा, कुछ थान पीपीई, कुछ थान भिटिएम बा ।
’ डा उपाध्याय कहनी ।
२० वेड के आइसोलेसन वार्ड बनावे खातिर जगदम्बा सिमेन्ट, रुंगटा वेलफेयर लगायत दाता सहजोग कईले बाडन । दाता सँगे सहजोग जुटावे खातिर पर्सा क्षेत्र नं १ के प्रतिनिधि सभा सदस्य प्रदीप यादव समन्वय कर रहल बाडन ।






