प्रतिलिटर १० रोपेया घटल डिजेल–पेट्रोल के दाम

काठमाण्डु १९ चईत,

नेपाल आयल निगम लिमिटेड तेल के दाम घटवले बा । कोरोना से अन्तर्राष्ट्रिय बजार मे कच्चा तेल के दाम मे आईल गिरावट मुताविक पेट्रोलियम पदार्थ के दाम घटवले बा ।

१ अप्रिल २०२० मे ईन्डियन आयल कर्पोरेशन से मिलल मूल्य मुताविक निगम संचालक समिति के बुध के दिने बईठल बईठक से रात १२ बजे से लागू होखेवाला किसिम से पेट्रोल आ डिजल मटितेल के साविक के खुद्रा विक्री दाम प्रतिलिटर १० रोपेया से घटवले बा ।

काठमाण्डु के खातिर पेट्रोल के खुद्रा विक्री दाम ९६ रोपेया कायम भईल बा आ डिजेल आ मटितेल के खुद्रा विक्री दाम ८५ रोपेया प्रतिलिटर मे पुगल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।