भिडभाड बढला के बाद वीरगंज के तरकारी बजार बन्द

वीरगंज २५ चईत,
वीरगंज के त्रिजुद्ध माध्यमिक विद्यालय अगाडि के तरकारी बजार बन्द करवाल गईल बा । वीरगंज मे सबेरे ७ बजे से ९ बजे तक वार्ड से तोकल जगहा मे मात्र तरकारी बजार राखे मिलेके निर्णय भईल रहे ।
वार्ड स्थानीय के पायक परेवाला सामुदायिक तथा विद्यालय मे तरकारी बजार राखेके अनुमति देहले रहे । माकिर, सामाजिक दुरी कायम करेके लगायत के विषय पालना ना कईल कहत बन्द करावल गईल बा ।
तरकारी बजार व्यवस्थित बनावे ना सकला के बाद बन्द करावे के निर्णय कईल वीरगंज महानगरपालिका–४ के अध्यक्ष जगत साह कानु जानकारी देहनी ।
‘भिड बहुते भईल, जेतना सिस्टम लगईला पर भी ना मानेलन, एगो घर के तीन जने आवेलन, भिड करेके रहेवाला भईला के बाद हटावे के निर्णय मे पुगल बानी,’ वडाध्यक्ष कानु कहनी कि, ‘संकट पडल समय मे सहज होखो कहल माकिर ओकरा से हि संकट लिआई जईसन भईल ।’
तरकारी बजार हटावे खातिर सुरु मे पुलीस निहोरा कईले रहे । माकिर ओकर पालना ना भईला के बाद पुलीस खुदे पुगल रहे ।
जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रमुख प्रहरी उपरीक्षक गंगा पन्त सामाजिक दुरी कायम ना भईला से तरकारी बजार बन्द कईल बतवनी ।
जनस्वास्थ्य उपर संवेदनशील भनत बजार बन्द करईला पर भी एकर विकल्प के बारे मे छलफल हो रहल उ जानकारी देहनी ।
वीरगंज के सब से बडका तरकारी बजार मिना बजार ह ।
अभी ई बन्द बा । वीपी उद्यान, मुर्ली, विर्ता, पावरहाउस क्षेत्र मे थपेवाला तरकारी बजार आ दोकान लकडाउन मे बन्द कईल बा । नगरवासी दैनिक उपभोग के खातिर जरुरी वार्ड स्तर मे खोलल तरकारी बजार मे पुगत रहलन ।
तरकारी बजार व्यवस्थित करेके बारेमे छलफल करेके वीरगंज महानगरपालिका नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी बतवनी ।






