बारा के स्थानिय निकाय सब मे धमाधम राहत बँटारहल

प्रभु यादव
बारा २५ चईत,
कलैया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर १, २, ३, १६, २२ मे गरीब आ मजदुर लोग के खाद्यान्न समान राहत बँटले बा ।
नेपाल सरकार से कुछ दिन से देश मे लकडाउन लगावले बा ओकरा कारण लोग घर से बाहर ना जासक रहल बा आउर मजदुरी करेवाला लोग के काम बन्द होगईला से खाना खाए मे समस्या होरहल समय मे स्थानिय निकाय से खाद्यान्न समाग्री देहल जारहल वार्ड नम्वर ३ के जलाउदीन अंसारी जाानकारी करावले बानी ।
आपना सब के जनता से जितावल गईल बा उ लोग के समस्या सुने के परल जरूरी भईला से पूरा दिन जनता के हि काम मे लागल रहल बानी अंसारी कहनी ।
वार्ड नम्वर २ मे दलित आ कमजोर आर्थिक भईल जनता रहला से राहत पुगावे मे समस्या भईल अध्यक्ष राजेश महतो जनकारी करावले बानी । समस्या मे परल चार सय ५० जने के राहत देहल गईल अध्यक्ष महतो जनकारी करावले बानी ।
हर गाँव मे रहल सर्वदलिय करा के राहत गरीब आ असहाय लोग के चाउर १५ किलो, दाल एक किलो, आलुु पाँच किलो, नुन एक किलो आ तेल आधा किलो देहल गईल अध्यक्ष महतो जनकारी करावले बाडन ।
वार्ड नम्वर १६ मे मझौलीया आ सगरदिना गाँव के गरीब आ असहाय लोग दु सय ६० जने के रहत देहल गईल अध्यक्ष शेषनाथ साह तेली जनकारी करावले बानी ।
उतर झिटकैया आ दोहरी, पकडी गाँव मे बुध के दिने खाद्यान्न समाग्री देहल जाई साह साह जनकारी करावले बानी ।
सर्वदलिय समिति गाँव गाँव मे बनावल गईल बा जे लोग के छनौट कईल लोग के नेपाल प्रहरी, शस्त्र प्रहरी आ नेपाली सेना के प्रतिनिधि के रोहवर मे राहत देहल जारहल साह जनकारी करावले बानी । आपन वार्ड मे करीब चार सय ६० जने के नामावली आईल बा जे लोग के राहत देहल जारहल अध्यक्ष साह जनकारी करावले बानी ।





