कूटनीतिक नियोग के गाडी चढ के कालाबजारी !

काठमाण्डु २५ चईत,

मंगर के दिने बोखार नापेवाला थर्मल गन मे कालाबजारी कईल आरोप मे शंकर ग्रुप के मालिक सुलभ अग्रवाल पकडाईल बाडन ।

पाँच हजार रोपेया पडेवाला थर्मल गन १५ हजार रोपेया मे बिक्री करेके खोजल पुलीस के दाबी बा । पुलीस उनकर साथ से ६७ थान थर्मल गन भी बरामद कईले बा ।

शंकर ग्रुप शनिचर के दिने मात्र चीन के ग्वान्झाओ से सात टन स्वास्थ्य सामान नेपाल लिआईल रहे । उ मेसे बोखार नापेवाला थर्मल गन अग्रवाल दोब्बर से बेसी दाम मे बेंच रहल सूचना पुलीस के अपराध महाशाखा के एतवार के दिने मिलल रहे ।

मंगर के दिने नक्साल मे ६७ गो थर्मल गन बिक्री करे लेगईला पर उ पुलीस के फन्दा मे पडलन ।
कीर्गिस्तान मे अवैतानिक महावाणिज्य दूत भी रहल उ कूटनीतिक नियोग के नम्बर प्लेट भईल गाडी चढ के थर्मल गन बिक्री करे गईल रहलन ।

अग्रवाल कूटनीतिक नियोग के गाडी दुरुपयोग कईल महानगरीय अपराध अनुसन्धान महाशाखा के प्रमुख सहकुलबहादुर थापा बतवनी ।

अग्रवाल के अभी अपराध महाशाखा लेगईल गईल बा । एसएसपी थापा कहनी कि, ‘थर्मल गन बाहेक आउर स्वास्थ्य सामान के बारेमे भी पुलीस अनुसन्धान कर रहल बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।