सवेरात पवनी मस्जीद आ कवरस्थान मे ना घर मे मनावे खातिर अहवान

प्रभु यादव
बारा २६ चईत
मुस्लिम संगठन नेपाल बारा शाखा सवे बरात पवनी घर मे मनावेला विज्ञाप्ती निकाल के अहवान कईले बा ।
चईत २७ गते बियफे के दिन परल सवे बरात पवनी के दिन मस्जीद आ कवरस्थान मे ना जाके घर मे उपवास रह के मनावेला मुस्लिम संगठन नेपाल के बारा इन्चार्ज आ केन्द्रीय सदस्य राजमहम्द राय अउरी बारा अध्यक्ष अाविद हुसेन अंसारी सब समुदाय मे रहल लोग से निहोरा कईले बाडन ।
विश्व मे महामारी के रूपमे फईल रहल कोरोना भाईरस के ना बढेदेवेला आ सुरक्षित रहेला नेपाल सरकार से लगावल गईल लकडाउन के पालन करत पवनी घर मे मनावे के खातिर दुनु लोग के निहोरा सभे समुदाय से कईले बाडन ।
कुछ दिन से संचार माध्यम मे मुस्लिम समुदाय से लकडाउन के पालना ना कईल जारहल सुनल जारहल बा ओकरा के पूरा पलना करेला विज्ञाप्ती मार्फत जनावल गईल बा ।
मुस्लिम समुदाय मात्र ना कि सभे समुदाय से निहोरा कइले बा लोग कि महामारी से बचेला अा बचावेला सरकार से लगावल गईल लकडाउन के पालना करे खातिर निहोर कईले बाडन ।





