वार्ड नम्वर ४ से दुसरा बेर राहत बटले

प्रभु यादव

बारा २७ चईत
कलैया उपमहानगरपालीका वार्ड नम्वर ४ से दुसराका बेर खाद्यान्न राहत बटले बा ।

विश्व व्यापी रूपमे फैइलल कोरोना भईरस से बचेला नेपाल सरकार से तिसराका बेर लकडाउन कईला से दिनहु काम कर के खायेवाला आ गरिब विपन्न लोग के भोजन करे मे दिकत ना होखो उदेश्य से दुसराका बेर राहत बाटल गईल अध्यक्ष जटाशकर सहनी उर्फ मिश्री सहनी जनकारी करावले बानी । एक सय ५० घर के लोग के राहत देहल गईल सहनि जनकारी करावले बानी ।

राहत बाटे मे वार्ड सदस्य शम्भु कुमार गुप्ता , उमेश कुमार साह , चन्द्रकला कुमारी , मन्तुरी देवी राम राजन‌तिक दल के प्रतिनिधि लोग नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी के डा. सुशील कुमार साह , नेपाली काग्रेस के अमोद मण्डल , सघिय समाजवादी के प्रकाश चौगाई , दिपलाल यादव , राष्ट्रिय जनता पार्टी नेपाल के सन्यदेव केसरी के सहभागिता रहल अध्यक्ष सहनी जनकारी करावले बानी ।

राहत बाटे मे समाजसेवी अरूण चौधरी , दशरथ ठाकुर , माधव प्रसाद साह , अमोद मणि महतो , अर्जुन ठाकुर , उमेश साह गोढ लगायत के लोग सहयोग कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।