घुम्ती परीक्षण शिविर चलावे खातिर सरकार से काँग्रेस के निहोरा

काठमाण्डु ३ वैशाख,

प्रमुख विपक्षी नेपाली कांग्रेस कोरोना भाइरस परीक्षण के खातिर घुम्ती शिविर चलावे खातिर सरकार से माग कईले बा ।

लकडाउन सुरु होखे से पहिलका हप्ता मात्र करिव २ लाख आदमी नेपाल प्रवेश कईल आ उलोग मेसे १५ प्रतिशत मात्र क्वारेन्टाइन मे रहल कहत कांग्रेस कहले बा, ‘बाहर से आके गाँव मे रहल केहु मे लक्षण ना देखेवाला एसिम्टोम्याटिक रहल बा आ ओकरा से भयावह स्थिति निर्माण हो सकता ।’ एकरा खातिर घुम्ती स्वास्थ शिविर के शैली मे समुदाय मे परीक्षण पुगावे के कांग्रेस बतवले बा ।

कांग्रेस प्रवक्ता विश्वप्रकाश शर्मा से जारी कईल विज्ञप्ति मे कहल गईल बा, ‘कांग्रेस गाँव तह तक ‘घुम्ती परीक्षण शिविर’ चलावे के तइयारी तत्काल सुरु करे खातिर तीनु तह के सरकार से निहोरा करत बा ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।