आँधी सहित वर्षात के सम्भावना, सचेत रहे खातिर निहोरा

काठमाण्डु ३ वैशाख,

पश्चिमी वायु आ स्थानीय वायु के प्रभाव से आजु दुपहरिया के बाद आंशिक से सामान्य बदली होके देश के अधिकाश भू–भाग मे मेघगर्जन आ आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहल मौसम पूर्वानुमान महाशाखा जनवले बा ।

महाशाखा आजु एगो विशेष बुलेटिन जारी करत देश के मध्य आ पूर्व के कुछ जगहासब तथा पश्चिमी भू–भाग के एक÷दु जगहा मे मेघगर्जन, ताडका, पथल आ आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहला से सचेत रहे खातिर निहोरा कईले बा ।

अभी देश के मध्य आ पूर्व के अधिकांश भू–भाग मे आ पश्चिम के कुछ भू–भाग पूर्ण वदली होके कम जगहा मे मेघगर्जन, ताडका, पथल आ आँधी सहित वर्षात हो रहल बा आ बाँकी भू–भाग मे आंशिक बदली रहल बा ।

रात के देश के पहाडी भू–भाग मे आंशिक से सामान्य बदली रह के बाँकी भू–भाग मे आंशिक बदली होके मध्य आ पश्चिमी पहाडी भू–भाग के कुछ जगहासब मे आ पूर्व के एक–दु जगहा मे मेघगर्जन, ताडका आ आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहल बतावल गईल बा । बिहान देशभर आंशिक से सामान्य बदली रह के देश के कुछ जगहा मे मेघगर्जन ताडका आ आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहल जनवले बा ।

शुक से देशभर आंशिक से सामान्य बदली रह के मध्य आ पश्चिमी पहाडी भू–भाग के एक–दु जगहा के साथे पूर्वी भू–भाग के कुछ जगहा मे मेघगर्जन आँधी सहित वर्षात के सम्भावना रहल बा ।

मौसम पूर्वानुमान महाशाखा के पिछिलका विवरण मुताविक आजु काठमाण्डु उपत्यका के न्यूनतम तापक्रम १४ दशमलव ४ डिग्री आ अधिकतम तापक्रम २८ दशमलव ४ डिग्री सेल्सियस रहल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।