वीरगंज मे सबेरे ७ बजे तक मात्र दोकान खुली

वीरगंज ०३ बैशाख

वीरगंज मे बियफे से जरुरी सामान के दोकान सबेरे ७ बजे तक मात्र खोले मिलेके जनावल गईल बा ।
खाद्यान्न, दूध, ग्यास, तरकारी आदि के दोकान बिहान सबेरे से ७ बजे तक मात्र खोले सकेके स्थानीय प्रशासन जनवले बा ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा बुध के दिने सूचना जारी करत दवाई दोकान २४ से घण्टा खोले सकेके जनवले बा । सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी ललितकुमार बस्नेत जरुरी सामान के दोकान बाहेक गल्ली, ठेलागाडा आ चोक मे बिक्री करे ना मिलेके बतवनी ।

वीरगंज मे तीन जने भारतीय नागरिक मे कोरोना संक्रमण मिलला के बाद स्थानीय प्रशासन लकडाउन मे कडाइ कईले बा । एकरा से पहिले जरुरी सामान के दोकान दिन तक खोले देहले रहे । वार्ड से समन्वय करके स्थानीय विद्यालय मे सबेरे ७ बजे से ९ बजे तक तरकारी बजार राखला पर भिड बढल रहे ।

जिल्ला प्रशासन कार्यालय से जारी कईल पाँच बुँदे सूचना मे जरुरी सामान किन बेंच कईला पर उपभोक्ता बीच कम्ती मे तीन फिट के दुरी कायम करे खातिर व्यवसायी से निहोरा कईल बा ।

सामान किन बेंच कईला पर व्यवसायी आ ग्राहक सभी से अनिवार्य रुप मे मास्क पहिनेके, खुल्ला जगहा मे तरकारी तथा फलफूल बिक्री करे ना मिलेके सूचना मे उल्लेख बा । लकडाउन के समय मे होम डेलिभरी के प्रोत्साहित करेके सहायक प्रमुख जिल्ला अधिकारी बस्नेत बतवले बानी ।

‘दिन मे जरुरी सामान के दोकान खोलला पर भिड भईल देखल गईल, सामाजिक दुरी भी पालना ना भईल’ कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।