लकडाउन जारी रहल समय दारु बेंचल आरोप मे आगी पानी बन्द

मेघराज राय
जीराभवानी ०४ बैशाख
कोरोना के महामारी के समय मे दारु बेंचल आरोप मे एक परिवार के समुदाय आगी पानी बन्द करके गाँव से बहिष्कार कईले बाडन ।
जिराभवानी गाँवपालिका वार्ड नं २ मे रहल काठमाण्डु टोलबासी स्थानीय एक परिवार के आगी पानी बन्द कईले बाडन ।
९ सदस्य रहल चोकट गुरो के परिवार दारु बेंचेके तथा दोकान मे दारु पियावल कहत काल्हु से उ समुदाय आगी पानी बन्द कईले बा । गाँव से उतर तथा सब डिबिजन बन कार्यालय बसन्तपुर के कार्यालय से दक्षिण पिपल के गाछि लग नास्ता तथा दारु बिक्रि बितरण करके परिवार चलावेवाला गुरो के दोकान के स्थानीय यूवालोग तोडफोड करके बन्द करवले बाडन ।
साथे गुरो के परिवार के सदस्य लगे कउनो भी परिवार आगी पानी ना चलेके सजाय देहले बाडन । साथे गुरो के परिवार से गाँव के कउनो भी आदमी बातचीत कईला पर जनही पाँच हजार रोपेया जरिवाना भी तोकले बाडन ।






