नेपाल औषधि उत्पादक संघ देहलख नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी के ३०० ज्याकेट

वीरगंज १७ बैशाख

नेपाल औषधि उत्पादक संघ केन्द्रिय समिति आजु नेपाल चिकित्सक संघ नारायणी पर्सा के डाक्टर लिखल ज्याकेट देहले बा ।

नेपाल चिकित्सक संघ केन्द्रीय समिति के समन्वय मे पर्सा जिल्ला के चिकित्सकलोग के खातिर ३०० थना ज्याकेट देहल गईल नारायणी अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह जानकारी देहनी ।

नेपाल औषधि उत्पादक संघ के केन्द्रीय कोषाध्यक्ष प्रभात रुङ्गटा आजु नारायणी अस्पताल मे पुग के नेपाल चिकित्सक संघ के नारायणी शाखा अध्यक्ष डा. अरुण कुमार सिंह के उ ज्याकेट हस्तान्तरण कईले रहनी ।

कोभिड–१९ के महमारी के समय मे चिकित्सकलोग के जरुरी काम के खातिर बाहर निकलला पर पुलीस प्रशासन से दुव्यर्ववहार सहेके पड रहल अवस्था के मध्यनजगर करत उ ज्याकेट देहल जनावल गईल बा ।

अब ई डाक्टर लिखल ज्याकेट पहिर के बाहर निकलला पर सहज महसुस होखेके अस्पताल के चिकित्सक डा. दिलिप चौरसिया के विश्वास रहल बा ।

उ अवसर मे डा. उदय नरायण सिंह, डा. दिपक कुमार चौरसिया, डा. दिलिप कुमार चौरसिया लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

नेपाल औषधि उत्पादक संघद्धारा देहल गईल ज्याकेट ईलाज मे संलग्न सभी डाक्टरलोग के बाँटेके डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।