पर्सा आ बारा मे आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि, नारायणी अस्पताल मे ८ जने के ईलाज हो रहल

वीरगंज १७ बैशाख,
पर्सा आ बारा के क्वारेन्टाइन मे रहल आउर तीन जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । बारा जिल्ला के जीतपुर सिमरा उपमहानगरपालिका के क्वारेन्टाईन मे रहल २ जने आ वीरगंज महानगरपालिका २ छपकैया के एक जने मे कोभिड १९ संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
सिमरा के क्वारेन्टाइन मे रहल दु जने आ वीरगंज के सिद्धार्थ मावि के क्वारेन्टाइन मे रहल एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
संक्रमित तीनु जने के वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के आइसोलेसन वार्ड मे ईलाज के खातिर भर्ना कईल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवनी ।
“अभी नारायणी अस्पताल मे ८ जने के आईसोलेसन वार्ड मे ईलाज हो रहल बा,” कहत डा. सिंह “अस्पताल के १५ शैया के ईमरजेन्सी वार्ड के आईसोलेसन वार्ड मे उपान्तरण कईल बा” बतवनी ।
काठमाण्डु स्थित राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु के प्रयोगशाला मे स्वाब परिक्षण कईला पर पोजेटिभ देखल गईल अस्पताल स्रोत जनवले बा ।
बितल एतवार के दिने वीरगंज वार्ड १६ इनर्वा के एक स्थानीय मे कोरोना पोजेटिभ पुष्टि भईला के बाद उलोग के कन्ट्याक्ट ट्रेसिङ के आधार मे तीनु जने के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल रहे ।
तीनु जने वीरगंज इनार्वा के ५५ बरीस के संक्रिमत सँगे बितल मार्च मे भारत के दिल्ली मे भईल तबलीगी जमात के धार्मिक भेला मे सहभागी भईल रहलन ।
बारा मे कोरोना संक्रमित मिलल दुनु गाँव के स्थानीय प्रशासन सिल कईले बा । दिल्ली के मर्कज मे सहभागी दुनु जने मे बुध के दिने कोरोना संक्रमण के पुष्टि भईल रहे ।
उलोग रहत आईल जीतपुरसिमरा उपमहानगरपालिका के वार्ड नम्बर ७ जीतपुर आ वार्ड नम्बर १९ ईनरुवासिरा क्षेत्र के प्रशासन क्षेत्र सिल कईले बा ।
जीतपुर के ४३ बरीस के आ सिम्रौनगढ घर भईल ईनर्वा सिमरा स्थित मस्जिद मे रहत आईल ३५ बरीस के संक्रमित के प्रत्यक्ष सम्पर्क मे आईल ७ जने के पहिचान कईल बा ।
उलोग के जीतपुर सिमरा मे बनावल कोरोना विशेष अस्थायी अस्पताल के आइसोलेसन मे राखल गईल बा ।
उलोग रहत आईल क्षेत्र मे पूर्ण रुप मे आवतजावत बन्द कईल बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी रुद्रप्रसाद पण्डित जानकारी देहनी ।






