महोत्तरी मे अज्ञात बेमारी से मृत्यु होखेवाला के सङ्ख्या ११ पुगल

महोत्तरी, २० वैशाख
महोत्तरी के भङ्गाहा आ बर्दिवास नगरपालिका जुडल बस्ती मे अज्ञात बेमारी से मरेवाला मृतक के सङ्ख्या ११ पुगल बा ।
आजु बर्दिवास–१२ स्थित इटाभट्ठा मे काम करेवाला ५५ बरीस के भारतीय नागरिक मोतिलाल प्रजापति आ भङ्गाहा–६ जमुनियाँ के ४८ बरीस के पलट साह के मृत्यु भईला के बाद मृतक के सङ्ख्या ११ पुगल जिल्ला प्रहरी कार्यालय जनवले बा ।
बर्दिवास–१२ मेघरोल आ भङ्गाहा–७ मेघनाथ गोरहन्ना मे बितल मंगर के दिन एने शुक तक आठ जने के मृत्यु भइल बा ।
मृत्यु होखेवाला मे बर्दिवास–१२ के चार, भङ्गाहा–७ के छ आ भङ्गाहा–६ के एक रहल उ कार्यालय जनवले बा उ तीन वार्ड के बस्ती एक दोसर से जुडल बा ।
भङ्गाहा नगरपालिका के प्रमुख सञ्जिवकुमार साह घरेलु दारु के सेवन से उ स्थानीय के मृत्यु हो सकेके प्रारम्भिक अनुमान कईल बतवनी ।
बर्दिवास नगरपालिका के प्रमुख विदुरकुमार कार्की मृत्यु के चलते लास परीक्षण जाँच से निक्र्योल करेके जानकारी देहनी ।
स्वास्थ्य सेवा विभाग, इपिडिमियोलोजी तथा रोग नियन्त्रण महाशाखा से आजु डा अमृत पोखरेल आ विश्व स्वास्थ्य सङ्गठन के डा सुदिपा खड्का आ जिल्ला स्वास्थ्य कार्यालय महोत्तरी के टोली ई बस्ती मे पुगल बा ।
टोली बिरामी के लक्षण के बारे मे मिलल जानकारी आ आउर पक्ष से भी अनुसन्धान कर रहल डा पोखरेल बतवनी ।
मृतक मेसे सिकेन्द्र सिंह आ सुकदेव (सिताई) महरा के लास परीक्षण कईल बा । परीक्षण रिपोर्ट अईला के बाद मृत्यु के कारण बारे मे यकिन होखेके जिल्ला प्रहरी कार्यालय के प्रमुख तथा प्रहरी उपरीक्षक श्यामकृष्ण अधिकारी जानकारी देहनी ।
एहितरे जिल्ला प्रहरी कार्यालय मृतक मेसे दु के कोभिड–१९ सङ्क्रमण ह÷ना यकिन करे खातिर स्वाब सङ्कलन करके पिसिआर परीक्षण के खातिर प्रयोगशाला पठावल जनवले बा ।
“मृतक के आरडिटी जाँच परिणाम नेगेटिभ आईल बा”, प्रहरी उपरीक्षक अधिकारी कहनी कि, “अब पिसिआर जाँच के आ परीक्षण रिपोर्ट अईला के बाद यकिन होखी ।”
थारु, मुसहर, चमार, बाँतर (सर्दार) सहित के जनजाति आ दलित समुदाय के सघन बसोबास रहल उ बस्ती मे रहल बा । मेघनाथ गोरहन्ना मे एक हप्ता पहिलेमात्र सीतापुर, औरही आ जमुनियाँ पुलीस चौकी के संयुक्त गस्ती १६ हजार लिटर से बेसी दारु बनावेवाला कच्चा पदार्थ आ चार गो भट्टी नोक्सान कईले रहे ।






