ठेकदार के लापरवाही के चलते दु जिल्ला जोडेवाला अरुवा नदि के पुल प्रयोग मे ना आईल, सर्वसाधारण के आवे जाएमे समस्या

प्रभु यादव

बारा २२ बैशाख

दु जिल्ला जोडेवाला अरुवा नदि मे लगावल पुल ठेकदार के लपरवाही से सञ्चालन मे ना भईला से आवत जावत मे कठिनाई होरहल बा ।

बारा आ रौतहट जिल्ला के सिमना छुटीयावेला अरुवा नदि मे बनल मितेरी पुल तइयार करेला पानी बहाव निकाले खातिर रास्ता मे लगावल होम पाईप बरसात के पानी से हटावला से आवतजावत मे कठिनाई भईल बा ।

बारा के मलाही, दौरवा, बिसुनपुर्वा, टेढाकटी, सिहासनि आ रौतहट के टेगाहा, पेटभरवा, हरसाहा लगायत के जनता सब के आजतजावत पुर्ण रुप मे बन्द भईल स्थानिय राकेश सहनी जनकारी करावले बानी ।

रौतहट के फतुवा बिजयपुर नगरपालिका के वार्ड नम्बर ६ पेटभरवा आ बारा के बारागढी गाँवपालिका वार्ड नम्बर २ मलाही के बिच मे रहल अरुवा नदि के पुल साह निर्माण सेवा मलगवा सर्लाही के सम्झौता मे रहल वनावे के जिम्मा लेहल ठेक्क्दार नागेन्द्र प्रसाद जयसवाल साबिक नदी होके बहेवाला पानी के ब्यवस्थापन ना कईला से जनता सब सास्ती भोग रहल बारागढी २ के नेपाली काँग्रेस के वार्ड सभापति ज्वाला साह बतावले बानी ।

पुल के उतर मे रहल बाबा उजबुजनाथ के मन्दिर के समने पुर्व ओर रहल माटी के बाध काट के रास्ता भर लेहला से नदि मे बाढ आई त मन्दिर आ नजिके मे रहल सामुदायिक भवन मे पानी पईस जाएला से क्षति होखे के डर होगईल पुजारी जगदेव सहनी दास दुःख सुनावत सिकायत कईले बानी ।

बाध काट मे उ जगहा मे जाली आ बोलडर के लगा के बाध बनावे के आस्वासन देत आईल ठेकदार जैसवाल छोड के भागल पुजारी सहनी जनकारी करावले बानी ।

माटी के बाध काटल जगह मे बोलडर के बाध लगावे के ठेक्कदार जयसवाल प्रतिवद्धता गाँव के लोग से कईले रहनी माकिर छोड के भाग गईल स्थानिय नन्दलाल सहनी जनकारी करावले बानी ।

प्रोजेकट के डिई शिवजी राय से जानकारी लेहला पर लकडाउन के कारण निरिक्षण मे समस्या भईल कहत जल्दी से जल्दी ठेक्कदार से रासता संचालन मे लेयावे के लागल बतावले बानी ।

कलैया कटहरिया सडक अन्तरगत के पुल एस एनआरटी परियोजना अन्तरगत वल्डबैक के लगानी मे पुल बनरहल बा ।

बैसाख भर मे ई पुल पुर्ण रुप मे संचालन मे ना आईत नेपाल सरकार के रकम से बनावे मे बध्यता बनी जवना के कारण आपने पुल के बाकी काम सब ठेक्क्दार से करवावे खातिर ताकेता करे मे लागल डिई राय जनकारी देहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।