वीरगंज के नारायणी अस्पताल मे ट्रायल स्वाब परिक्षण सुरु

वीरगंज २२ बैशाख

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल मे एतवार से ट्रायल के रुपमे कोरोना भाइरस के स्वाब परिक्षण सुरु भईल बा ।

वीरगंज मे भईल ट्रायल स्वाब परिक्षण के क्रस भेरिफिकेसन के खातिर काठमाण्डु पठावल जा रहल आ सभी परिक्षण के रिपोर्ट मिल रहल अस्पताल के चिकित्सक डा. उदय नारायण सिंह बतवले बानी ।

स्वाब परिक्षण खातिर अस्पताल मे आईल पिसिआर परिक्षण करेवाला मेसिन के सहायक मेसिनसब ना अईला पर भी ट्रायल स्वाब परिक्षण सुरु भईल डा. सिंह बतवले बानी ।

एहितरे कोरोना भाइरस परीक्षण के खातिर वीरगंज मे ७० जने के स्वाब संकलन कईल बा ।

वीरगंज मे कोरोना संकमित के संख्या बढत गईला के बाद संक्रमित के सम्पर्क मे आईल आ अनेकन गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे रहल आदमीसब के स्वाब परीक्षण के तेज बनावल गईल बा ।

वीरगंज महानगरपालिका–३ छपकैया के ३६ बरीस के पुरुष मे एतवार के दिने कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

परिवार आ पडोसी करके ३२ जने तथा अनेकन गाँवपालिका के क्वारेन्टाइन मे १४ दिन रहके घर फिर्ता गईल ३८ जने के स्वाब सोमार के दिने संकलन कईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा. मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

क्वारेन्टाइन मे रहल लोग के कोरोना परीक्षण के खातिर एम्वुलेन्स मार्फत अस्पताल मे आईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।