नारायणी अस्पताल मे जनरल सेवा सञ्चालन करे खातिर स्वास्थ्यमन्त्री से माग

वीरगंज २३ बैशाख,

नारायणी अस्पताल मे जनरल सेवा सञ्चालन करेके माग राखत नेकपा के एक टोली स्वास्थ्य मन्त्रालय पुगल बा ।

उलोग नेकपा नगर कमिटी अध्यक्ष रहबर अन्सारी के गण्डक अस्पताल मे कोभिड अस्पताल सञ्चालन करेके माग कईले बाडन ।

नारायणी के कोभिड अस्पताल बनाके जनरल सेवा बन्द कईला पर पर्सा, बारा, रौतहतट के सर्वसाधारण समस्या मे पडल स्वास्थ्यमन्त्री भानुभक्त ढकाल बतवले बानी ।

मंगर के दिने स्वास्थ्य मन्त्रालय मे करिब अढाई घण्टा भईल छलफल मे स्वास्थ्यमन्त्री से सकारात्मक प्रतिक्रिया देहल संविधान सभा सदस्य विचारी यादव जानकारी देहनी ।

“नारायणी के कोभिड अस्पताल बनईला पर आईल समस्या के बारे मे अढाई घण्टा छलफल भईल,” कहत उ “नारायणी मे जनरल सेवा सञ्चालन करेके आ कोभिड अस्पताल के खातिर विकल्प खोजे खातिर उ सकारात्मक देखल गईल बानी ।”

नारायणी के शाखा के रुप मे अलगे कोभिड अस्पताल सञ्चालन मे लियावे खातिर भी मन्त्री सहमति जनावल यादव बतवनी ।

यादव सँगे नेकपा के नेता नागेन्द्र चौधरी आ अस्पताल सञ्चालक रहबर अन्सारी मन्त्रालय पुगल रहनी ।

सञ्चालक अन्सारी गण्डक अस्पताल के नारायणी के शाखा के रुप मे कोभिड सञ्चालन करेके प्रक्रिया अगाडि बढल जानकारी देहनी ।

“नारायणी के शाखा के रुप मे गण्डक से कोभिड–१९ सेवा सञ्चालन करेके आ नारायणी से नियमित जनरल सेवा प्रदान करेके कहके प्रक्रिया अगाडि बढल बा” कहके बतवनी ।

नारायणी मे जनरल सेवा सञ्चालन करेके बारेमे आधिकारिक जानकारी ना आईल नारायणी अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ड डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।

मन्त्रालय स्रोत के मुताविक नारायणी मे जनरल सेवा सञ्चालन करे खातिर मन्त्रालय सकारात्मक बा । माकिर कोभिड अस्पताल सञ्चालन के विषय मे मन्त्रालय अन्यौल मे बा ।

नारायणी के शाखा के रुप मे गण्डक मे कोभिड सेवा सञ्चालन करेके भा नारायणी अस्पताल मे आँख, दात, रेबिज सेवा देरहल भवन के मर्मत करके कोभिड सेवा देवेके कहके विषय मे छलफल हो रहल बा ।

सरकार कोभिड लेभल २ अस्पताल घोषणा कईला के बाद वैशाख २ गते से नारायणी अस्पताल मे जनरल सेवा बन्द कईल बा ।

नारायणी से प्रदान होखेवाला सेवा सरकारी दर आ सहुलियत मे प्रदान करे खातिर नेशनल मेडिकल कलेज के जिम्मेवारी देहल गईल बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।